चाँद मेहता के जादू चलल
-

सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिल्म ‘मल्ल युद्ध’ के निर्देशक चांद मेहता अब भोजपुरी वर्ल्ड छाप लिहले बाड़न. ‘मल्ल युद्ध’ जइसन लीक से हटल फिलिम के दर्शक अपना दिल में अतना जगहा दे दिहले कि फिलिम के शानदार सफलता मिलल. एह सफलता से उत्साहित चाँद आलम के कहना बा कि निर्माता सुनील चौहान जइसन निर्माता किस्मत वाला निर्देशकन के मिलेला. सुनील चौहान पूरा टीम के खास ख़्याल रखलन आ फिल्म के सफलता खातिर पूरा टीम हकदार बा.

चांद मेहता के कहना बा कि भोजपुरी दबंगई पर आधारित एह फिल्म खातिर सबही मेहनत कइल. खास करिके रविकिशन जइसन कोआपरेटिव अभिनेता बधाई के पात्र बाड़े. आ फेर रानी चटर्जी त अभिनेत्रियन में रानी बाड़ी. कुणालो सिंह के चाँद मेहता लाजवाब अभिनेता बतावेले. चांद मेहता जल्दिये एगो बड़हन हिन्दी फिल्म निर्देशित करे वाला बाड़न जेकरा बारे में ऊ अबही बेसी कुछ नइखन बतावत.

फिलहाल ‘मल्ल युद्ध’ के सफलता के आलम इ बा कि दर्शकन के भारी भीड़ जुटत बा एह फिल्म के देखे खातिर आ देख के बाहर निकलत दर्शक निर्देशक के खूब तारीफ करत बाड़े. ज़ाहिर बा कि चांद मेहता के रूप में एगो दमदार निर्देशक मिलल बा भोजपुरी वर्ल्ड के.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts