’चोली कसलू नट से’ खातिर दीपा नारायण झा गाना गवली

DeepNarayan-at-muhurt-of-choli-kasluएम एस फिल्म एण्ड म्यूज़िक एन्टरटेन्मेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी वीडियो एलबम “चोली कसलू नट से” के मुहूर्त पिछला दिनो मुंबई के गोरेगॉंव में प्लेटिनम स्टूडियों में कइल गइल. गायिका दीपा नारायण झा नारियल तोड़ के मुहूर्त कइली आ गीतकार संजीत कुमार निर्मल के लिखल गीत के संगीतकार प्रदीप रंजन के निर्देशन में आवाज दिहली.

एह मौका पर फिल्मी दुनिया के जानल-मानल लोग मौजूद रहल. एहमें मोनिका वर्मा, संजय सुमन, अजय चौहान, जितेन्द्र मिर्जापुरी, गौरी विश्वकर्मा, ज्योति शर्मा, अलिशा खान, स्वेता यादव, मिठु चौघरी, संजय भूषण पटियाला वगैरह रहले.

एह वीडियो फिलिम में कुल आठ गो गाना बा जवना के रिकार्डिंग का बाद मुंबई आ गुजरात के लोकेशनन पर शूटिंग कइल जाई.

निर्माता अभय चौहान, गीत संजीत कुमार निर्मल, नंदलाल विश्वकर्मा, मनोज पैवतियया, जितेन्द्र मिर्जापुरी, नायर हलोरी, अजीत कुमार अलबेला, संगीत प्रदीप रंजन, छायांकन अजय चौहान, नृत्य संजय सुमन, गायक-गायिका दीपा नारायण झा, रेखा राव, मोहन राठौड़, आलोक कुमार, विनोद चौहान, सुधाकर चौहान.

मुख्य कलाकार, अभय चौहान, संजना सोनिया, काजल, गौरी विश्वकर्मा, ज्योति शर्मा, अलिशा खान, स्वेता यादव, मिठु चौघरी वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.