छपरा गोपालगंज हाइवे बनावे के काम शुरु भइल

छपरा गोपालगंज नेशनल हाइवे 85 के मरम्मत के काम शुक से शुरु हो गइल. जसौली गांव का नियरा मरम्मत के काम करवावे वाली कंपनी के प्रोजेक्ट मैनेजर विधिवत पूजा करा के काम शुरू करवलन.
बतवलन कि छपरा से गोपालगंज का बीच 92 किलोमीटर लमहर एह सड़क के मरम्मत के काम लगातार करा केएकरा के टू लेन बना दिहल जाई. पिछला बेर एकर काम रुक गइल रहुवे काहे के काम करे वाली कंपनी घोटाला में अझूरा गइल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।