जदयू के विधायक रहल रविन्द्र यादव भाजपा मे अइले

जदयू. से विधायक रहल रविन्द्र यादव आ सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद के बेटा अजय निषाद समेत अनेके नेता आजु अपना समर्थकन साथे भाजपा में शामिल हो गइले.
भाजपा प्रदेश कार्यालय मे पार्टी के राष्ट्रीय महामंत्री अनंत कुमार, धर्मेन्द्र प्रधान, राजीव प्रताप रूड़ी. विधान मंडल के नेता सुशील कुमार मोदी, विधानसभा मे प्रतिपक्ष के नेता नंद किशोर यादव आ पहिले मंत्री रहल चन्द्रमोहन राय के मौजूदगी में जदयू विधायक रहल रविन्द्र यादव, जदयू के प्रदेश सचिव रहल अजय निषाद, हाजीपुर नगर परिषद के सभापति रमा निषाद, मोमिन फ्रट के राष्ट्रीय अध्यक्ष मो. हुमायूं अंसारी, राष्ट्रीय उपाध्यक्ष अब्दुल वाहिद सेफी आ राजद. के अनेके नेता भाजपा के सदस्य बन गइले.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..