जय मॉं मईहर वाली के पहिला झलक जारी भइल

jai-maa-maiharwali“जय मॉं मइहर वाली” के पहिलका झलक पिछला दिने एकर निर्देशक विनोद तिवारी मुंबई में जारी करत बतवलन कि ई फिलिम पूरा तरह से पारिवारिक एक्शन आ इमोशनल ड्रामा हवे. एहमें कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ जवना के संगीत कल्यान सेन के बनावल बा.

कहलन कि फिलिम जल्दिए रिलीज कर दिहल जाई. अबहीं पोस्ट प्रोडक्शन के काम चालू बा. एह फिलिम में पहिला बेर छतीसगढ़ी सुपर स्टार प्रकाश अवस्थी आ रिंकू घोष एक साथ आइल बा लोग. निर्देशक विनोद तिवारी के पहिलका भोजपुरी फिलिम रहल “आज के दबंग दमाद” जवन बहुते बढ़िया परिणाम दिहलसि. ई फिलिम दोसरकी हवे आ एकर पूरा शूटिंग मध्य प्रदेश में मध्यप्रदेश फिल्मस् एवं टी वी इन्स्टीच्यूट कइले बा.

निर्माता विनोद तिवारी, स्नेह, निर्देशक विनोद तिवारी, लेखक केशव राठौर, गीत पं. किरण मिश्र, संगीत कल्याण सेन, कीर्ती, छायांकन मनोज कु. झाला, नृत्य पप्पू खन्ना, निशांत, फाईट सींह इज किंग, एडिटर प्रकाश झा.

मुख्य कलाकार रिंकू घोष, प्रकाश अवस्थी, मनोज टाईगर, गोपाल राय, राजा कारसे, जे. निलम आ गायत्री केशरवानी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..