शिक्षा रोजगार
- भारत आ संयुक्त अरब अमारात एगो समझौता पर दस्तखत कइले जवना का बाद अब रोजगार अनुबंध आनलाइन मिल जाई आ कामगार दलालन का फेर में ना पड़ीहें.
- राष्ट्रीय माध्यमिक शिक्षा अभियान में यूपी के चार सौ उनचास गो जूनियर हाईस्कूलन के अपग्रेड करके हाई स्कूल बना दिहल जाई. एह सब में नयका सेशन से कक्षा नौ के पढ़ाई शुरू करा दिहल जाई.
- केन्द्र सरकार के मिर्जापुर भदोही कलस्टर योजना में कालीन प्रशिक्षण केन्द्र खोलल जाई.
उत्तर प्रदेश
- इलाहाबाद में आपन सम्मान करवावे चहुँपल उत्तराखंड के मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा कहलन कि उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंडा का बीचे बँटवारा का बादे से कई गो मामिला लंबित बा जवना पर विचार कइल जाई. भरोसा दिहलन कि अगिला साल होखे वाला कुंभ मेला खातिर गंगा नदी में भरपूर पानी दिहल जाई. कहलन कि यूपी, हिमाचल आ उत्तराखंड तीनो राज्य मिल के एगो पर्यटन योजना तइयार करे.
- मुख्यमंत्री अखिलेश यादव का सरकारी निवास पर अठारह अप्रेल का दिन से जनता दरबार शुरू होखी. हर बुध का दिने नौ बजे से एगारह बजे का बीच लोग मुख्यमंत्री से भेंट कर सकी.
- राज्य में उद्योग के बढ़ावा देबे खातिर नया नीति बनावल जाई. राज्य भर में जगहे जगह आईटी हब बनावल जाई.
- सुल्तानपुर के पीपरपुर इलाका के मिसराने गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के जहर खिया के खुदहु खुदकुशी कर लिहलसि. घटना घर में कलह का चलते भइल. चारो लाश कब्जा में ले के पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.
- सोनभद्र पुलिस एगो नक्सली के गिरफ्तार कर लिहलसि. ऊ बिहार के रहेवाला रामकेवल उरांव ह जवना पर ढेरे मुकदमा दायर बा.
- देवरिया जिला में बरीसन से टूटल छितराइल पड़ल मदनपुर कपरवार सड़क के बनावे के काम शुरू हो गइल.
- बलिया में कोहार जाति के लोग अपना के अनुसूचित जाति में शामिल करावे खातिर बुध का दिने प्रदर्शन कइल.
- नगरा गड़वार सड़क पर पीडब्ल्यूडी का जमीन पर बीसन बरीस से पक्का आवास बना के रहत दलित परिवार के मकान लोक निर्माण विभाग ढहवा दिहलसि.
- बलिया के परितोष मिश्र पीसीएस परीक्षा पास करके असिस्टेंट सेल्स कमिश्नर खातिर चुनाइल बाड़े.
बिहार
- कैग रिपोर्ट में चार सौ नौ करोड़ रुपिया के घोटाला के खबर से नाराज विपक्ष बुध का दिने विधानसभा ना चले दिहलसि. बाद में जब लंच का बाद सदन फेरु बइठल त विपक्ष ओकर वहिष्कार कर दिहलसि. बाद में बुध का दिने विधानसभा के बजट सत्र के अवसान कर दिहल गइल.
- सोना पर उत्पाद कर बढ़वला का खिलाफ पिछला अठारह दिन से सर्राफा व्यवसाय बंद बा. बुध का दिने सर्राफा व्यवसायी जुलूस निकललन आ मुख्यमंत्री से एह मामिला में दखल देबे के निहोरा कइलन.
- छपरा राजेन्द्र कॉलेज में दोसरा का बदले इम्तिहान देत एगो लड़िका के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- सिवान के गुठनी के मियांगुंडी में आग लगला से चार बिगहा गेंहू के फसल राख हो गइल. बगल का खेत में ऊँख के खरपतई जरावत घरी ओकर चिंगारी बगल का गेंहू के खेत में चल गइल जवना से आग लाग लागल.
- थावे जंक्शन पर टिकट चेकिंग का दौरान छत पर सफर करे वाला सात जने के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- मोतिहारी के ठाकुरबाड़ी मुहल्ला से गायब कइल लड़िकी के पुलिस बुध का दिने बाइपास चौक पर मंदिर का लगे से बरामद कर लिहलसि. अपहरण करे वाला के गिरफ्तारी अबही ले नइखे भइल.
देश
- पिछला सोलह जनवरी का दिने दिल्ली का तरफ बढ़त सेना के दू गो टूकड़ी के खबर के प्रधानमंत्री गलत बतवलनि. कहलन कि बिना मतलब एगो साधारण बात के हउवा खड़ा कर दिहल गइल.
- परमाणु ईंधन से चलने वाली पनडुब्बी आईएनएस चक्र बुध का दिने नौसेना में शामिल कर लिहल गइल. आई एन एस चक्र वइसन परमाणु पनडुब्बी ह जवन दुश्मन के ठिकाना पता लगा के ओकरा के तबाह कर देले. ई पनडुब्बी पानी का भीतर एकसौ दिन ले लुकाइल रहि सकेले.
- नक्सली दबाव से ओडिशा सरकार जेलन में बंद २७ गो नक्सलियन के छोड़े के तइयार हो गइल बिया. नक्सली एगो विधायक आ एगो इटली के पर्यटक के अपना कब्जा में रखले बाड़े सँ.
- सुप्रीम कोर्ट सुभाष घई के फिल्म संस्थान खातिर कौड़ी का दाम पर दिहल बीस एकड़ जमीण के आवंटन रद्द करे वाला बम्बई हाईकोर्ट के फैसला सही करार दिहलसि. कोर्ट तब मुख्यमंत्री रहल विलासराव देशमुख पर कड़ा टिप्पणी कइलसि.
- मुम्बई के आदर्श सोसायटी घोटाला में गिरफ्तार महाराष्ट्र शहरी विकास विभाग में प्रधान सचिव रहल रामानंद तिवारी आ बंबई नगर निगम के प्रमुख रहल जयराज फाटक के १२ अप्रेल ले सीबीआई हिरासत में भेजल गइल.
- सेनाध्यक्ष जनरल वी.के. सिंह नेपाल के सेनाध्यक्ष छत्तररमण सिंह ग्रुंग से बुध का दिने काठमांडू में भेंट कइले. ई लोग भारत-नेपाल के सैन्य संबंध मजबूत करे आ आपसी सहयोग पर विचार कइल.
दुनिया
- अफगानिस्तान में भइल एगो आत्मघाती हमला में नाहियों त दस लोग मरा गइल आ दू दर्जन से बेसी लोग घवाहुल हो गइल.
- सोमालिया के राजधानी मोगादीशु में एगो थियेटर में भइल आत्मघाती हमला से नाहियों त दस लोग मरा गइल.
खेल
- आईपीएल पाँच के पहिला बीसबीसा मैच में चेन्नई के एम ए चिदम्दरम स्टेडियम में मुम्बई इंडियन्स चेन्नई सुपरकिंग्स के हरा दिहलसि. आजु कोलकाता नाइट राइडर्स के मुकाबला डेल्ही डेयरडेविल्स से होखी.
- वर्ल्ड सीरीज हॉकी टूर्नामेंट के फाइनल में शेरे पंजाब पूणे स्ट्राइकर्स के पाँच बनाम दू गोल से हरा दिहलसि आ चार करोड़ के इनाम जीत लिहलसि.
- पाकिस्तान हॉकी फेडरेशन तीन देश के हॉकी टुर्नामेंट के आयोजन रद्द कर दिहलसि काहे कि भारत आ मलेशिया एहमें खेले से मना कर दिहले.
बिजनेस
- मुंबई शेयर बाजार में बुध का दिने १११ अंक के गिरावट दर्ज भइल. रूपिया ३९ पइसा कमजोर हो गइल.
0 Comments