टटका खबर, मंगल, १८ मई

दंतेवाड़ा में नक्सली हमला में ४० नागरिकन के मौत

छत्तीसगढ़ के दंतेवाड़ा में नक्सली फेर आपन क्रूर निर्दयी रुप देखवलें आ एगो सवारी बस के बम से उड़ा दिहलें जवना से कम से कम चालिस गो नागरिकन के मौत हो गइल. हमला का बाद गृहमंत्री कहले बाड़े कि नक्सली विरोधी कार्ययोजना पर फेर से विचार कइल जा रहल बा. नक्सल प्रभावित कुछ राज्य एह काम खातिर वायु सेना के इस्तेमाल के माँग कर रहल बाड़े. पिछला दस अप्रैल के दंतेवाड़ा में ७६ गो सीआरपीएफ के जवानन के मार डलले रहलें सँ.

ज्वालामुखी से निकलत राख का चलते फेर यूरोप के हवाई अड्डा बन्द

आइसलैण्ड के ज्वालामुखी से निकलत राख यूरोप में फेर से पसरे लागल बा जवना चलते कई गो हवाई अड्डा फेर से बन्दकर देबे के पड़ल. भारत से यूरोप खातिर जाये वाली वायुसेवा रद्द कर दिहल गइल बा. अतवारे से हालात बिगड़ल बनल बा. पिछलो महीना कई दिन ले युरोप में हवाई सेवा बन्द राखे के पड़ल रहुवे.

अग्नि दू के सफल परीक्षण

दु गो विफल परीक्षण का बाद काल्हु अग्नि टू थर्ड टाइम लकी साबित भइल आ ओकर परीक्षण सफल रहल. जमीन से जमीन पर मार करे वाली एह मिसाइल के देशे में विकसित कइल गइल बा आ एकरा से परमाणु बमो गिरावल जा सकेला. अबहीं ई दू हजार किलोमीटर ले निशाना बना सकेले बाकिर एकर पेलोड में कमी कर के एह दूरी के तीन हजार किलोमीटर ले बढ़ावल जा सकेला.

भयंकर गर्मी का बीच मानसून समय से पहिले आवे के संकेत

काल्हु अंडमान द्वीप समूह में मानसून के पहिला बरखा भइल. संकेत बा कि अब मानसून जल्दिये केरल तट पर चहुँप जाई. यूपी आवत आवत अबहीं करीब एक महीना लागे वाला बा आ मानसून समय से दू दिन पहिले १५ जून तक चहुँप जाये के उम्मीद बा. एही बीच कबो कबो धूल भरल आँधी आ बरखा बूनीओ पड़ सकेला. मौसम विज्ञानी कहत बा लोग कि एह साल बरखा सामान्य रही.

गुजरात के मुसलमान देश का बाकी राज्यन का मुकाबिले खुशहाल बाड़े

भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी अपना ब्लाग पर आँकड़ा देत लिखले बाड़े कि सच्चर आयोगो मनले बा कि गुजरात के मुसलमान देश के दोसरा राज्यन से बेहतर स्थिति में बाड़े. बाकिर ऊ लोग माने तब नू, गुजरात दंगा में मराइल पूर्व सांसद जाफरी के दामाद नाजिद हुसैन अमिताभ बच्चन से कहले बाड़े कि ऊ गुजरात के प्रचार मत करस.

सेना के छवि बिगड़े ना दिहल जा सके

थल सेनाध्यक्ष जनरल वीके सिंह शीर्ष सैन्य अधिकारियन का बइठक में कहलें कि अइसन काम कबो बर्दाश्त ना कइल जा सके जवना से सेना के छवि खराब होत होखो. पिछला दिने सुखना सैन्य अड्डा का लगे भइल जमीन घोटाला में कुछ सेना अधिकारियन पर सैन्य कार्रवाई हो रहल बा. कुछेक जगहा मानवाशिकारन के उल्लंघनो के आरोप बा.

गया में जापानी पर्यटक युवती से बलात्कार का मामिला में तीन गो के उमिरकैद

जापानी पर्यटक युवती का साथे सामूहिक दुराचार करे का आरोप में तीन गो आरोपियन के स्पीडी ट्रायल कर के ३१ दिन का भीतर सजा तक सुना दिहल गइल. दू गो आरोपी अबहियों फरार बाड़े सँ. कोर्ट सगरी आरोपियन के उमिर कैद के सजाय सुनवलसि जवना पर बचाव पक्ष के वकील कहलें कि अबहीं कवनो सीनियर पुलिस अधिकारी के इंसपेक्शन रिपोर्ट तक ना मिलल आ सजा सुना दिहल गइल. कहलें कि एकरा खिलाफ हाई कोर्ट में अपील करीहें.

रोहतास में पचास हजार के इनामी नक्सली गिरफ्तार

रोहतास पुलिस काल्हु राजगृही राम नाम के नक्सली एरिया कमाण्डर के गिरफ्तार कर लिहलस जवना पर पचास हजार के इनाम घोषित रहल ह. दु दी पहिले एगो अउरी नक्सली सुरेश रजवार के गिरफ्तार कर लिहल गइल जवना पर पचीस हजार के इनाम रहुवे.

नक्सली बन्द का चलते यातायात प्रभावित

काल्हु अधरतिया से दू दिन के नक्सली बन्द का एलान से बिहार में कई गो रलेगाड़ी या त रद्द कर दिहल गइल बा भा ओकरा रास्ता बदल दिहल गइल बा. गँवई इलाकन में बसो नइखी चलत सँ. पुलिस पूरा चौकसी बरत रहल बिया. नक्सली विरोधी अभियान का विरोध में पश्चिम बंगाल, बिहार, उड़ीसा, झारखण्ड आ छत्तीसगढ़ में दू दिन के बन्द के एलान कइले बाड़े सँ नक्सली.

बीसबीसा वर्ल्ड कप में इंगलैण्ड विजेता

फाइनल मैच में आस्ट्रेलिया के हरा के इंगलैण्ड के टीम पहिला बेर बीसबीसा कप जीत लिहलसि. अबकी भारत लीगे मैचन का दौरान बाहर हो गइल रहुवे जबकि पाकिस्तान सेमी फाइनल में हार गइल रहे. क्रिकेट से जुड़ल हिन्दुस्तानी खेल में ललित मोदी बोर्ड के आरोपन के जवाब पन्द्रह हजार पेज में लिख भेजले बाड़े जवना के अध्ययन बोर्ड अधिकारी कर रहल बाड़े.

0 Comments