टटका खबर, साँझ छह बजे
  • नायडू के लैपटॉप येदियुरप्पा तूड़ दिहले वाला खबर झूठ बावे : भाजपा.
  • नाग पंचमी पर सांपन के परेशानी से बचावल जाव : पेटा.
  • रसोई गैस पर जल्दिये प्रत्यक्ष सब्सिडी दिहल जाई : मुखर्जी
  • चीन में मूसलाधार बारिश से 1 लाख लोग परेशानी में.
  • महाराष्ट्र के ठाणे जिला में नगर निगम दफ्तर के सामने मंगल का दिने एगो आदमी आत्मदाह कर लिहलसि.
  • 90 साल के हो गइल दक्षिण अफ्रीकी कम्युनिस्ट पार्टी.
  • चीन में कम्पनियन में काम करे वाला इंटर्न के इस्तेमाल सस्ता श्रम का रूप में कइल जाला आ ओकनी के पढ़ाई वाला क्षेत्र में काम के अनुभव ना दिहल जाव.
  • कलमाडी के नियुक्ति खातिर राजग सरकार के जिम्मेदार बतवलन अजय माकन
  • सर्वोच्च न्यायालय मंगल का दिने कहलसि कि नर्मदा के नहर नेटवर्क से प्रभावित लोग, नदी पर बनल बांध का चलते विस्थापित भइल लोग के मिले वाला राहत आ पुनर्वास पैकेज के समान पैकेज के हकदार नइखन.
  • इंडोनेशिया में सजधज के शादी करे चहुँपल दूल्हा से दुल्हिन शादी करे से इन्कार कर दिहलसि काहे कि दुल्हा असल में लड़िकी रहल जवना के दुल्हिन चिन्हत रहे.
  • नेपाली प्रधानमंत्री झलनाथ खनाल माओवादियों का समर्थन वापसी के खतरे से बच गइले बाकिर 13 अगस्त के उनुका फेरू एगो अग्नि परीक्षा से गुजरे के बा.
  • मध्यप्रदेश के सतना में पुलिस शिविर से डकैत राइफले लूट लिहले. 6 गो जवान निलम्बित.
  • 8.2 फीसदी विकास दर निराशाजनक ना कहल जा सके : प्रणव मुखर्जी.
  • भ्रष्टाचार निरोधक निदेशालय के छापेमारी के बाद तमिलनाडु के अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक एम. एस. जफर सैत के निलम्बित कर दिहल गइल.
  • अनिश्चितता अउर कमजोर आंकड़ा से अमेरिकी शेयर बाजार में गिरावट.
  • बीकानेर में मिग-21 गिरल, युद्ध कला में माहिर पायलट के मौत.
  • देश के शेयर बाजारन में मंगल का दिने गिरावट के रुख रहल.
  • भाजपा मजबूत लोकपाल विधेयक चाहतिया जवना का प्रधानमंत्रीओ के पद रहे.
  • बेनजीर हत्या के अभियुक्त स्कूली परीक्षा में तीसरा स्थान लिहलसि.
  • ऑनलाइन गेम खेले वालन के एह लत से बचावे खातिर चीन राष्ट्रव्यापी मुहीम शुरू करी.
  • कालाजार का बारे में बिहार के स्कूलन में पढ़ावल जाई.
  • बजाज ऑटो के बिक्री जुलाई में 14 फीसदी बढ़ल.
  • गौतम गंभीर चोट से उबर के अब तीसरा टेस्ट मैच में खेलीहें.
  • बहराइच के एगो सरकारी स्कूल के प्रधानाचार्य के पिटाई से तीन गो छात्र अस्पताल में भरती.
  • भारतीय टीम में जीत के भूख कम हो गइल बा : कहलन गावस्कर.
  • अलगाववादी नेता सैयद अली शाह गिलानी आ मीरवाइज उमर फारूक के मंगलवार का दिने घर में नजरबंद कर दिहल गइल.
  • युगांडा में एगो चिम्पांजी के 2 करोड़ साल पुरान खोपड़ी मिलल.
  • साजिश करे वालन का साथ ना खेलब : अफरीदी.
  • वीडियोकॉन जालसाजी करके 2जी लाइसेंस लिहलसि : बलवा.
  • हंगामा का चलते संसद बुध ले लिए स्थगित.
  • आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई में वाशिंगटन आ इस्लामाबाद का बीच के रिश्ता साफ होखे के चाहीं जेहसे टकराव ना होखे जरदारी.
  • तिब्बत में मंगल का दिने भूकम्प के झटका महसूस भइल.
  • अबकी रक्षा बंधन पर तीन दिन के सरकारी छूट्टी.
  • बिहार के रोहतास जिला में कम-से-कम छह गांव के लोग नक्सलियन का डरे पराइल. एकाध घर में त बस औरते बाचल बाड़ी.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला : तीन गो फरार प्रोमोटरन के अंतरिम जमानत याचिका खारिज.
  • राहुल द्रविड़ अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) के रैंकिंग में चार पायदान ऊपर चढ़ के एगारहवां स्थान पर.
  • छत्तीसगढ़ का बस्तर जिला में तेंदुआ के खाल का साथ दू गो तस्कर गिरफ्तार.
  • बॉलीवुड तारिका लारा दत्ता के गोड़ भारी भइल. महतारी बने जा रहल लारा के अभिषेक बच्चन बधाई दिहले.
  • उत्तर प्रदेश में घाघरा नदी कोहराम मचवलसि. एल्गिन-चरसारी तटबंध टूटला का बाद 50 गो से बेसी गाँवन में हाहाकार.< /li>
  • बुध का दिने इंग्लैंड जइहें सहवाग. तिसरका टेस्ट में खेले के उमेद.
  • अपना आमदनी से बेसी खरच करे वाला अमेरिका वैश्विक अर्थव्यवस्था के परजीवी ह : पुतिन.
  • भूमि अधिग्रहण विधेयक ले आवे ला सरकार पर दबाव बनाई बसपा.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के पूर्व विकेट कीपर बल्लेबाज पॉल निक्सन पेशेवर क्रिकेट से संन्यास लिहले.
  • कवनो भारतीय चैनल के लाइसेंस नइखे दिआइल : पाकिस्तानी मंत्री.
  • अब खजुराहो के मंदिरों का बारे में देश आ विदेश के पर्यटक अपना भाषा में जान सकेले. आडियो गाइड सेवा शुरु.
  • लीबियाई शासक मुअम्मार गद्दाफी अमेरिका आ ब्रिटेन में आपन छवि सुधारे वाला कुशल जनसम्पर्क पेशेवर खोजत बाड़न.
  • वृत्तचित्र फिल्म में अभिनय करीहे रूस के प्रधानमंत्री व्लादिमीर पुतिन.
  • अंतरंग दृश्य देते हुए असहज महसूस किया : माही
  • अभिनेत्री माही गिल के कहना बा कि फिलिम के यथार्थवदी होत गइला से अंतरंगो दृश्य देबे पड़ेला. बाकिर ‘देव डी’ आ ‘नॉट ए लव स्टोरी’ में अंतरंग दृश्य दे चुकल माही ओह घरी अपना के असहज बुझेली.
  • पाकिस्तानी राष्ट्रीय टीम में वापसी कर सकेले अफरीदी
  • ‘सिंघम’ फिल्म के अभिनेत्री काजल अग्रवाल सोमार का दिने भारतीय अंतर्राष्ट्रीय ज्यूलरी सप्ताह (आईआईजेडब्ल्यू) में रैम्प पर उतरली.
  • चित्रकूट में एगो तेज रफ्तार बस एगो वैन के टक्कर मार दिहलसि जवना से वैन पर पांचो लोग के मौत हो गइल.
  • पाकिस्तानी टीम के मुख्य चयनकर्ता मोहसिन खान हरफनमौला खिलाड़ी अब्दुल रज्जाक के आरोप के खंडन कइले बाड़न कि पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड पक्षपात करेले.
  • राष्ट्रपति बराक ओबामा आ कांग्रेस के नेता लोग का बीच बनल सहमति का बाद सरकारी कर्ज के सीमा बढ़ावे वाला विधेयक अमेरिका के निचला सदन में पारित हो गइल.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के बड़की सलैया टीसन सोमार का रात करीब अढ़ाई घंटाले बवालियन का कब्जा में रहल.
  • विश्व की पूर्व शीर्ष वरीयता प्राप्त रूसी महिला टेनिस खिलाड़ी दिनारा सफीना शायद अमेरिकी ओपन ग्रैंड स्लैम में पीठ दर्द का चलते ना खेलीहे.
  • बिहार के बांका जिला के बेलहर थाना इलाका में नक्सली बदमाश सोमार का राते दू आदमी के मार दिहले.
  • जर्मनी के टेनिस खिलाड़ी फिलिप कोश्रेयबर शानदार जीत दर्ज कर के एटीपी आस्ट्रियन ओपन टूर्नामेंट के दूसरा दौर में आ गंइल बाड़न.

0 Comments