टटका खबर : 20 अक्टूबर 2014, सोमार
जिलाधिकारियन से अनलाइन बतियावत मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी

जिलाधिकारियन से अनलाइन बतियावत मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी

  • यूपी सरकार दिवाली का मौका पर राज्य के सगरी शहरन के बिना कटौती बिजली देबे के फैसला कइलसि. एह बीच रोजाना एक करोड़ यूनिट बिजली खरीद के सप्लाई कइल जाई.
  • उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाइक आजु सोमार का दिने कहलन कि पिछला तीन महीना के अपना कार्यकाल में उनुका एके गो बढिया काम लउकल आ ऊ हवे लखनऊ में मेट्रो रेल परियोजना के शुरुआत. बाकिर एकरा के समय पर पूरा करा लिहल एगो बड़हन चुनौती बा राज्य ला.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु गंगा नदी के विभिन्न छठ घाट घुमलन आ ओहिजा सफाई आ सुरक्षा के तइयारियन के जायजा लिहलन.
  • गोपालगंज जिला के उचका गांव इलाका में एगो गाँव में आजु खिसियाइल लोग एगो लुटेर क पीट-पीट के मुआ दिहल.
  • दिपावली आ छठ का दौरान बिहार के यात्रियन के बेहिसाब भीड़ देखत रेलवे दिल्ली से बिहार का बीच 300 विशेष ट्रेन चलावे के फैसला लिहलस.
  • जहरखुरानी के शिकार दू गो रेल यात्रियन के उत्तर प्रदेश में गोंडा रेलवे टीसन पर जननायक एक्सप्रेस से उतार के अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.
  • कर्मचारियन आ प्रबंधन के झगड़ा का चलते आजु से पश्चिम बंगाल के हुगली में इंडिया जूट मिल बंद हो गइल. एहसे से नाहियो त चार हजार से बेसी चटकलिहा बेरोजगार हो गइल बाड़े.
  • बिहार में अतवार का दिने सिपाही भर्ती परीक्षा में दोसरा का जगहा परीक्षा देत करीब डेढ़ सौ फर्जी परीक्षार्थियन के गिरफ्तार क लिहल गइल.
  • भदोही के गोपीगंज क्षेत्र इलाका में काल्हु सँझिया एगो ट्रक से कचरा के एगो रिटायर्ड सिपाही के मौत हो गइल.
  • गोरखपुर के राजघाट में कुछ अपराधी एगो पेट्रोल पम्प मालिक के गोली मार के उनका लगे से साढे पांच लाख रुपिया लूट के भाग निकलले.
  • कुशीनगर के तुर्क पट्टी इलाका में एगो ट्रक के धक्का से एगो एम्बुलेंस पर सवार एक आदमी के मौत हो गइल.
  • जौनपुर में काल्हु अतवार का दिने दीवानी न्यायालय परिसर में मेगा लोक अदालत लगावल गइल आ आपसी सुलह समझौता करा के 1252 गो मुकदमा निपटा दिहल गइल.
  • उत्तर प्रदेश राज्य रोडवेज परिवहन निगम के संविदा पर राखल चालक आ परिचालक सोमार रात से हड़ताल पर जाए के ऐलान कइले बाड़े.

0 Comments