टटका खबर, 22 अगस्त 2014

उपचुनाव ला भाजपा के उमीदवार तय नइखन.
यूपी के विधानसभा सीटन खातिर होखे वाला उपचुनाव ला भाजपा अबही ले आपन उमीदवार नइखे तय कइले. बाकिर हर इलाका के चुनाव ला जिम्मेदारी जरूर तय क दिहले बिया कि कवना इलाका मे कवन कवन विधायक आ सांसदन पर जिम्मा रही भाजपा के जितावे के.

बिजली संकट से पूरा यूपी मे हाहाकार
सपा सरकार के राज मे प्रदेश के जनता बिजली के कमी से त्राहिमाम करे लागल बिया. हालात अतना खराब हो गइल बा कि शायदे कवनो इलाका होखी जहाँ बीस घंटा बिजली मिलत होखे, चौबीस घंटा के त सपनो मत देखीं.

अनेके जिलन से जगहे जगह नाराज लोग के धरना प्रदर्शन के खबर बा बाकिर सरकार लागत बा कि हाथ उठा दिहले बिया. प्रदेश सरकार के कहना बा कि केंद्र पूरा बिजली नइखे देत जवना चलते हालात बेकाबू हो गइल बा.

बलिया न्यूज

छह नवंबर से शुरू होखी बलिया के मशहूर ददरी मेला.

पुलिस के एकतरफा आचरण से नाराज भइले वकील लोग. एह लोग के कहना बा कि अधिवक्ता प हमला करे वाला के फेवर करत बिया पुलिस.

बांसडीह रोड के घोरौली बाजार में बियफे का साँझ तहबाजारी लेबे खातिर रंगदार जम के बवाल कटले आ जगहे जगह दुकानदारन का साथे गाहकनो के पिटाई क दिहलन. पुलिस सात गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहले बिया.

बलिया मे घाघरा के पानी गँवे गँवे घटे लागल बा. बाकिर सीसोटार आ कठौड़ा मे कटान चालू बा.

देवरिया न्यूज

गौरीबाजार के खंड विकास अधिकारी का खिलाफ इलाका के प्रधान मोर्चा खोल दिहले बाड़े.
लार के सरकड़ा गाँव के प्रधान पति पर हमला करे वालन के गिरफ्तारी माँगत लोग शुक का दिने थाना प प्रदर्शन कइल.

भटनी इलाका के रायपुरा घांटी के एगो लड़िकि के साप कटला का चलते मौत हो गइल. घर वाले इलाज का बदले ओकरा के बलिया के अमवा के सती माई प ले गइल रहले.

अमृतसर से छपरा आवत एगो मेहरारू मौर्य एक्सप्रेस के स्लीपर कोच मे शुक का दिने एगो बच्चा के जनम दिहलसि.

शुक का भोरे विशुनपुर देवार-नुरुल्लाहपुर बंधा टूट गइल जवना चलते आधा दर्जन गाँव पानी मे घेरा गइल बाड़े.

गोरखपुर न्यूज

गुलरिहा इलाका मे बांस स्थान पुल का नीचे चिलुआ ताल में शुक का सबेर मे एगो ओरत के लाश मिलल जवना के पहिचान नइखे भइल.

गोरखपुर विश्वविद्यालय के एमएससी कक्षन मे नया सत्र खातिर दाखिला 26 अगस्त से शुरू होखी.

हाजीपुर सोनपुर का बीच होखत नान इंटरलाकिंग (एनआई) का चलते मेन लाइन प चले वाली रेलगाड़ी 23 आगस्त से 27 अगस्त ले प्रभावित रहीहे. कुछ एक्सप्रेस गाड़ी एह बीच हर टीसन पर रुकत चली.

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय शुक का दिने दस गो कालेजन के एमए प्रथम वर्ष के रिजल्ट घोषित क दिहलसि. रिजल्ट विश्वविद्यालय के वेबसाइट प देखल जा सकेला.

जन्माष्टमी का दिने लुटाइल मोटरसाइकिल बरामद हो गइल. दू जने धराइलो बाड़े. दू गो अउरी बदमाशन के खोजत बिया पुलिस.

जौनपुर न्यूज

सुरेरी के कोचारी गांव मे अस्पताल का पीछे बियफे का दिने बेहोश मिल औरत के शुक का दिने मौत हो गइल. ओकरा घर वालन के कहना बा कि ओकरा के केहू जहर दे के मरले बा.

बस से लागल धक्का से चौकीखुर्द गाँव के एगो रिटायर्ड सिपाही के मौत इलाहाबाद का अस्पताल मे इलाज का बावजूद हो गइल.

शुक का दिने कटघर गांव के हनुमान मंदिर का लगे एगो स्कूल लिपिक से 35 हजार रुपिया लूट के बदमाश मोटरसाइकिल से फरार.

कानपुर से लड़िकी भगावे का आरोप मे शेरकुँआ गाँव के एगो ओझइतो करे वाला तांत्रिक गिरफ्तार. लड़िकी नइखे मिलल.

वाराणसी न्यूज

वाराणसी के मिनी पीएमओ मे दिल्ली से अइहे संयुक्त सचिव एके शर्मा.

मस्जिद नूरी कमेटी के अध्यक्ष पद से शहर काजी इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि समय नइखे मिल पावत.

डीएम आवास का लगे एगो रिक्शावाला के लाश मिलल. मरेवाला चालक झारखंड के पलामू जिला के रहुवे. पुलिस के लागत बा कि अधिका पियला का चलते ओकर हो गइल.

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ आ संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय के कुलसचिव के अदल बदल दिहल गइल.

मालगाड़ी का आगा कूद के जान देबे वाली औरत के बाप भाई ओकरा सुसराल वालन प दहेज खातिर पेरे के शिकायत कइले. एही चलते आजिज आ के उ जान दे दिहलसि.

कुलपति डा॰ लालजी सिंह शुक का दिने रिटायर हो गइले त हिंदू विश्वविद्यालय के कुलसचिव कुलपति के कार्यभार सम्हरले. काहे कि अबही ले नया कुलपति नइखन आइल.

बक्सर न्यूज

जानवर चरावे खातिर सिमरी के जलालपुर मे मारपीट से छह जने घवाहिल.

बाईपास रोड का मंदिर का नियरा एगो ट्रासपोर्टर के छुरा मार ओकर मोटरसाइकिल लूट ले गइले सँ.

जनता दरबार मे आइल फरियादी के शिकायत पर राजपुर थानाध्यक्ष के सस्पेंड क दिहलन एसपी. फरियादी के कहना रहे कि ओकरा बेटी के दहेज हत्या के मुकदमा ना लिखलन थानाध्यक्ष.

बक्सर नगर पालिका के हड़ताल बियफे का दिने खतम हो गइल

सासाराम न्यूज

मुफस्सिल थाना पुलिस ने बियफे का दिने सासाराम टीसन का लगे से मुस्तकीम अंसारी के ध लिहलसि. ओकरा साथे उ लड़किओ मिलल जवना के उ भगा के ले जात रहुवे.

तकिया रेल गुमटी का लगे बियफे का दिने लखनुसराय के एगो आदमी कटा गइल. घटना कब आ कइसे भइल पुलिस पता लगावे का फेर मे बिया.

काराकाट के जदयू विधायक राजेश्वर राज बियफे का दिने लालू प्रसाद के आलोचना कइले. लालू के कहना बा कि नीतीश आ के उनकर गोड़ ध लिहले त गठबन्हन करे पड़ल. विधायक नीतीशो पर आरोप लगवलन कि उ आपन जमीर बेच दिहलन.

बुड़बक बना के डेहरी आन सोन इलाका के मीठोपुर के एगो आदमी का खाता से एटीएम का जरिए बीस हजार रुपिया निकाल लिहलसि एगो ठग.

छपरा न्यूज

विधानसभा उपचुनाव मे छपरा मे बहुते कम लोग वोट डाले निकलल. अब 25 तारीख के वोट गिनइला का बादे एकर परिणाम पता चली.

उपचुनाव का दौरान छपरा शहर से 57 जने गिरफ्तार. पांच दर्जन मोटरसाइकिल जब्त.

नैनी गांव के बूथ संख्या 88 के मतदाता वोट के बायकाट क दिहलन. ई लोग दोसरा जगहा बूथ माँगत रहुवे.

सड़क बनावे वाला से रंगदारी माँगे का फेर मे लहलादपुर के आदमी से मारपीट.

भोजपुर न्यूज

मां सच स्वरूपा के तीन दिन ले चले वाला सत्संग शुक का दिन से शुरू भइल.

शुक का दिने भइल बरखा से आरा शहर पानी पानी. निचला इलाकन मे बाढ़ जस हालात.

मोतिहारी न्यूज

बियफे का रात मे बिजली चोरावे खातिर भइल मारपीट मे छतौनी के बरियारपुर मे तीन जने घवाहिल.

कल्याणपुर के विशम्भरपुर गांव में मवेशी चोर बियफे का रात मे एगो बूढ़ के पीट पीट के मुआ दिहले सँ.

बापूधाम मोतिहारी टीसन का लगे चांदमारी गुमटी प शुक का सबेर मे ट्रेन से कटा के एगो औरत के मौत. पहिचानल नइखे गइल.

पार्ट वन आ टू के नंबर फेर से गिनवावे खातिर छात्र राजद एमएस कॉलेज का गेट प ताला लगवलसि.

मोतिहारी आ चकिया टीसन का बीच छापा मार के हावड़ा रक्सौल मिथिला एक्सप्रेस मे खाए पिए के सामान बेचत नाजायज वेंडरन के गिरफ्तार कइलसि आरपीएफ.

बुध का रात छापा मार के दू ट्रैक्टर खैरा के लकड़ी जब्त. केहू धराइल ना.

सिवान न्यूज

गुठनी के बाढ़ पीडि़त अंचल कार्यालय के घेराव कइले. लोग राहत राशि माॅगत रहुवे त सीओ कहलन कि जब राहत राशि आई तब नू बँटिहे.

एक महीने ले चले वाला मौनिया बाबा मेला 24 अगस्त से शुरू होखे वाला बा.

बियफे का दिने राजकीय उत्क्रमित मध्य विद्यालय सरेयां उर्दू के छात्र बवाल कटले आ प्रधानाध्यापक का खिलाफ नारा लगवले.

रघुनाथपुर के दियारा मे सरयू नदी के पानी बढ़का से गभीरार आ नवादा गांव के लोग हलकान.

गोपालंगज न्यूज

चेन नोच के भागेवाला गिरोह के बदमाश मुन्ना सिंह धरा गइल. मुन्ना सारण जिला के निवासी ह.

बियफे का दिने महाबीरी जुलूस का दौरान सुरक्षा मे लागल सिवान पुलिस के बस ले के भागत चोर धराइल. हड़बड़ी मे बस उचकागांव इलाका के ईटवा पुल का नियरा गड़हा मे गिर गइल रहे.

बियफे का दिने गोपालगंज के माँझा इलाका के किसानन के ऊँख के दाम ना मिलला के शिकायत कइल लोग जनता दरबार मे.

फुलवरिया इलाका के बथुआ बाजार में बुध का राति मे एगो घर से सतहत्तर हजार रुपिया समेत लाखो रुपिया के गहना लूट ले गइले स अपना के पुलिस बता के घुसल अपराधी.

बुध का साँझ बरौली के तिवारी टोला मे पोखरा मे नहात घरी डूब के मर गइल.

बुध का रात कोन्हवां गांव में जमीन का चलते भइल मारपीट मे एगो परिवार के तीन जने तलवार से घाहिल

बरौली के बखरौला गाँव का दलोन उलुम इस्लामिया मदरसा मे सरेया अख्तेयार के समीर नाम के लड़िका के हत्या के मामिला खदबदाए लागल बा.

बरौली इलाका के कलकलहां में जमीन का झगड़ा मे पिटाइल एगो बूढ़ के बुध का दिने मौत हो गइल.

0 Comments