टटका खबर : 8 अक्टूबर 2014, बुध
  • समाजवादी पार्टी अपना परिवार के मुखिया मुलायम सिंह के फेरू तीन बरीस ला अध्यक्ष ‘चुन’ लिहलसि. जब से पार्टी बनल बा तबे से मुलायम सिंह ओकर अध्यक्ष बाड़े.
  • समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अधिवेशन में जदयू अध्यक्ष शरदो यादव हाजिर रहले. उनुका के खास मेहमान का तरह बोलावल गइल रहुवे.
  • गाँधी मैदान पर विजया दशमी का दिने भइल भगदड़ का बारे में सुनवाई करे वाला कमिटी का सोझा आजु सोलह गो पीड़ित परिवार आपन बयान दर्ज करवले. ओह दिन के जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षको के बयान दर्ज कइल जाई.
  • कुँवर सिंह विश्वविद्यालय के स्नातक तिसरका साल के परीक्षा के प्रवेश पत्र आजु कर्मचारियन का हड़ताल का चलते ना मिल पवला पर नाराज परीक्षार्थी जम के बवाल कइले.
  • चन्द्रग्रहण के सूतक का चलते आजु देश भर के मंदिरन के कपाट बंद रहल आ साँझ बेरा ग्रहण खतम भइला का बाद पूजा अर्चना क के मंदिरन के कपाट खुलल.
  • पटना गाँधी मैदान पर दशहरा का दिने भइल हादसा खातिर राज्य सरकार आ प्रशासन के आपराधिक लापरवाही के जिम्मेवार ठहरावत वामदल आजु पटना में विरोध मार्च निकलले.
  • सिवान जिला के एम एच नगर थाना के पसिवर गांव से आज सबेरे एगो नवही के लाश बरामद भइल बा. एगो दोसरा घटना में बोहटा नदी में नहाए गइल एगो लड़िका डूब गइल.
  • गांधी मैदान में भइल भगदड़ का बाद से पांच लोग अबहियोें नापाता बाड़े आ ओह लोग के परिवार के लोग दर दर भटकत बा ओह लोग के खोजे में.
  • वाराणसी में अगिला महीना संस्कृत भाषा के दशा आ दिशा पर विचार करे खातिर संस्कृत संसद बोलावल जाई.
  • चन्दौली के सैयदराजा इलाका में दू फरीक का आपसी झगड़ा में एक आदमी के जान चल गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
  • भूटान नरेश जिनमे खेसर नामग्याल वांगचुक तीन दिन के यात्रा पर आज धार्मिक नगरी वाराणसी पहुंचले. वाराणसी से पहिले भूटान नरेश तीन दिन ले बिहार के यात्रा पर रहले ह.
  • वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका में सीनियर छात्रन के तंग कइला से आजिज आ के बीटेक अन्तिम वर्ष के एगो छात्र काल्हु रात फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
  • वाराणसी के रोहनिया में काल्हु रात ट्रैक्टर से कचरा के मोटरसाइकिल सवार दू गो छात्रन के मौत हो गइल आ तिसरका घवाहिल हो गइल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments