‘टाईगर’ के करिश्मा

PraveshLal-Tiger-newLookसिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा प्रवेशलाल यादव के फिलिम ‘‘टाईगर’’ सगरी बिहार में आपन करिश्मा देखावत वा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा०लि० के बैनर तले बनल ई फिलिम बिहार में रिकार्डतोड़ कमाई करत बिया, सगरी सिनेमाहालन में फिलिम दूसरको हफ्ता में जारी बा. पटना के वीणा, हाजीपुर के नेशनल आ बेगुसराय के सावित्री समेत अनेके सेंटर पर ई शानदार व्यवसाय दर्ज करवले बा. एह फिलिम के मुख्य जोड़ी प्रवेशलाल यादव आ शुभी शर्मा के बा आ प्रवेश के काम खूबे सराहल जात बा.


(प्रशांत निशांत)

9 Comments

  1. राना रंजीत बासु

    जियो ह निरहुआ जियो ह प्ररवेश लाल यादव

  2. राना रंजीत बासु

    जय भोजपुरी, जय भोजपुरी उत्थान मंच राना रंजीत बासु भोजपुरी के आगे बढ़ावे मे हमार सहयोग देहिँ

  3. राना रंजीत बासु

    अलग बात बा भोजपुरिया जवान के,लोहा केहु लेहीका चले जे सीना तान के। ताव देला मोछिया पे,बान्ही माथ पगरी ।कान्ह पे सजे जे लउर लउके ना केहु कगरी। बुझेला फरक नाही दिन अउरी रात मेँ,करत रहे मेहनत हरदम धूप बरसात मेँ। भोरहीँ भुलाई जाला होला कइसन नीदिया,देखे ना स्रिँगार मेहरारुवो के बिँदिया।तनको झीझिके ना उठावत गोबर माटी के,करेला गुमान गोरवारी जीवन काटी के।बाटे मोहताज नाही आपन पहचान के,अलग…….।। देशवा के बार्डर पर करेला लड़ाई,पिछे कदम हटे नाही भले जान जाई।बात रखे खातिर आपन मथवो कटावेला बोली व कुबोली केहु के सह नाही पावेला। फड़क जाला हाँथ ओकर देखि अन्ययवा पल मेँ बदल देला कहनी व कथवा । मिले जिम्मेवारी जेवन ओकराके निभावेला,अलगा ही नाम इतिहास मेँ लिखावेला। NEXT राना रंजीत बासु भोजपुरी उत्थान मंच ढढ़नी गाजीपुर MO.08896125767,M09125724399

  4. राना रंजीत बासु

    जय भोजपुरी। भोजपुरी गीत-गइल जमाना सपना देखऽ गदहा खाये पकौड़ी हो।छोड़ के बेलन चउकी मुसर कार चलावे लागल छौड़ि हो। केहु छुवल अरमान आसमान बा, केहु के चलल लेके मुठ्ठी मेँ जहान बा,खुद के देखावे बड़का बनावे बचाके कौड़ी कौड़ी हो।अपने मेँ अपने से होताटे जुझउल, बात होखे साफा नाहीँ खाली रे बुझउवल, बात जे कहाला बात ना सहाला आपसे मेँ हो जाये लउराँ-लउरी हो । गइल…..। भोजपुरी उत्थान मंच ढढ़नी गाजीपुर राना रंजीत बासु गायक गीतकार 08896125767

  5. राना रंजीत बासु

    जय भोजपुरी उत्थान मंच अइतीँ राम जी से कईके विनितीया हमके लइकी जनि बनाईब हमके लइकी जनि बनाईब।सोच लोगन के कोँच कोँच के मारल जाईब,जनम धरा पे लेहला से पहिले तारल जाईब। रोजे घटे घटना देखि अनगिनीतिया।बोझ हो जाली जनम लेत बाबु माई के,जारल जालीँ आगी दहेज के कहिँ समझाई के।डहक तड़पी देख लोगन के खीनिसिया। हमके गाँव नगर के गली भयावह लागत बाटे,छेड़ छाड़ हो जात बा संगवा दौड़ेले काटे।रंजीत राना कहे आदमी के करनिया…। हमके08896125767

  6. राना रंजीत बासु

    हमरी आँख के कजरा तु,तोहरे से आँख से आँसू तु ना रहतु त जिनगी के आस ना रखतीँ,तुहीँ सावन बहार धरती बदरा बाटू। ढढ़नी गाजीपुर

  7. राना रंजीत बासु

    ए भइया, सब भोजपुरिया पाठक लोग के राना रंजीत बासु(भोजपुरी उत्थान मंच)के तरफ से प्रणाम बा। ई मंच मिलल बा त कुछ संदेश सबका खातिर पोष्ट कर रहल बानी-आज आपन देश मेँ घूस, बलातकार, भ्रष्टाचार ,चोरी,डकैती,लुट-मारी दिन ब दिन बढ़ते ही जात बिया गुनाहगारन के सजा भी मिल रहल बा, लेकिन समाज पर कवनो असर नइखे परत नेता व नेता के चमचा ,रिस्तेदार आपन पद के मद मेँ दुसरन के गलतिया के दोहरा रहल जबकि जानत बा कि सजा मिलहीँ के बा। राना रंजीत बासु गायक गीतकार कवि ढढ़नी गाजीपुर 8896125767

  8. राना रंजीत बासु

    प्रेम ह प्रेम सबके करे के चाही,प्रेम करे खातिर ना डरे के चाही।प्रेम के ना गलत अर्थ लगावल जाला,प्रेम कके ओकरा पे मरे के चाही। भोजपुरी उत्थान मंच ढढ़नी गाजीपुर 08896125767,हम इ चाहीँ सनम तु याद आवल करऽ,होके सम्हना मोरा मुस्कुराईल करऽ। तोहार तस्वीर अँखिया मेँ रहित सदा लिखित बासु गजल और तु गावल करऽ।

  9. राना रंजीत बासु

    हमरा इहे तमन्ना बाटे,ना रहलो पे याद आवल करीँ।कबो सपना मेँ दिनवा रतिया याद बनके सतावल करीँ।RANA RANJEET BASU (BHOJPURI UTTHAN MANCH) DHARANI GHAZIPUR UP MO. 08896125767 ना कईला के किरिया खाके ,फिर काँहेँ दोहरावेला।उहे बात जग हँसाई करे,बात समझ ना पावेला। 09125724399