टेक्नीशियनन का साथे आपन जनमदिन मनवले अवधेश मिश्रा

फिल्म अभिनेता लोग के जनमदिन होटल भा रेस्तराँ में मनावल आम बाति होला. बाकिर हालही में अवधेश मिश्रा आपन जनमदिन टेक्नीशियनों आ स्पॉटबॉय का साथे मनवले. पिछला 19 जुलाई का दिने ‘‘काली’’ फिल्म का सेट पर अवधेश मिश्रा आपन जनमदिन फिल्म के टेक्नीशियनों, स्पॉट बॉय, सेटिंग बॉय समेत पूरा टीम का साथे मनवलन.

एह मौका पर केक काट के सभके खिअवलन आ फेर एगो शानदार पार्टी दिहले.
अवधेश मिश्रा कहलन कि उनुका सफलता में स्पॉट बॉय से लेके पूरा टीम के योगदान रहेला से ऊ आपन जनमदिन एहिजे मनावे के तय कइलन. एह खुशगवार मौका पर अवधेश मिश्रा के माताजी, श्रीमती जी, आ बेटा, बेटी का साथे अभिनेता विनय आनंद, अभिनेत्री टुलिप सिंह, आईटम क्वीन सीमा सिंह, कामेडी किंग मनोज टाईगर, संजय सोनू, प्रकाश जैस, निर्देशक रामदेवन, निर्माता रमण नैयर, छायाकार आर. आर. प्रिंस, संगीतकार राजेश रजनीश, अभिनेता अयाज खान, मनीष चतुर्वेदी समेत फिल्म के पूरा युनिट मौजूद रहल.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।