डीजल भा बिजली दुनू से चलेवाला रेल इंजन

रेलवे अगिला साल अइसन इंजन बनावे जात बावे जवन डीजल आ बिजली दुनू से चलावल जा सकी. ई इंजन वाराणसी के डीजल रेल इंजन कारखाना बनावल जात बा आ एक साल में बना लीहलजाई. एकर लागत साधारण डीजल इंजन के लागत से करीब एक तिसरी अधिका होखी. ई इंजन बन गइला से ओह लाइनन पर ट्रेन चलावे में सुविधा हो जाई जवना में बीच बीच में इंजन बदले के पड़ेला. एकरा से समय आ संसाधन दुनू के बचत होखी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।