थाई गर्ल के भूमिका में मोनालिसा
-

Monalisa-as-Thai-girlभोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल मोनालिसा भोजपुरी फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ में थाईलैंड के लइकी का भूमिका में बाड़ी जे हई त भारत के बाकिर थाईलैंण्ड में पढ़े गइली आ थाई गर्ल बन गइली. पढ़ाई कर के लवटला पर उनकर सामन होखत बा एहिजा अपना दुश्मनन से. एह दुश्मनन से ऊ कइसे लड़ के निकलत बाड़ी इहे उनुका भूमिका के खास बा.

एलिना बनल मोनालिसा के नायक बाड़े सुपर स्टार पवन सिंह. एह फिलिम के शूटिंग मोनालिसा पूरा कर दिहली. मोनालिसा के कपड़ो एहमें थाई स्टाइले के बा. निर्माता हउवें डॉ. यू. एस. सिंह आ निर्देशक कुमार विकल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts