‘दबदबा’ के शानदार मुहूर्त

रोशन दिमाग-ए-रोशन आ शम्भू पाण्डे प्रोक्डक्शन के बैनर तले बनेवाली भोजपुरी फिल्म ‘दबदबा’ के शानदार मुहूर्त गाना रिकार्डिंग का साथ हाल ही में जिप ट्रैक स्टूडियो, वीरा देसाई, अंधेरी (पश्चिम) में भइल. ‘रोशन दिमाग-ए-रोशन’ का तरफ से राजकुमार सिंह नारियल फोड़ले. फिल्म के निर्माता हउवें शम्भू पाण्डे आ उदय सिंह. कहानी आ निर्देशन शम्भू पाण्डे के, गीत अरविंद तिवारी के, संगीत अमन श्लोक के. एक्शन सिंह इज किंग के बा. मुख्य कलाकार रहीहें मनोज पाण्डे, रानी चटर्जी, शमीम खान, प्रदीप वशिष्ठ, पायल सेठ, संदीप मिश्रा, अनामिका सिंह अउर संजय पाण्डे.

मुहूर्त के इस शुभ अवसर पर राजकुमार सिंह समेत अनेके सेलिब्रटी मौजूद रहलें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *