दशरथ माँझी पर वृत चित्र बनवले मोतिहारी के कुंदन

मोतिहारी ढाका के पचपकड़ी के रहे वाला कुमुद रंजन कुंदन पहाड़ काट के रास्ता निकाले वाला दशरथ माँझी का जीवनी पर एगो वृतचित्र “ए मैन हू मूव्स द माउन्टेन” बनवले बाड़न जवना के सभे प्रशंसा कर रहल बा. जनसंचार से स्नातक कइले कुमुद एह फिल्म पर तीन महीना मेहनत कइलें. वृत चित्र में छेनी हथौड़ी से पहाड़ काटत दशरथ माँझी के चित्र, इंटरव्यू आ दोसरो लोग से उनका पर भइल बातचीत देखावल गइल बा. गया जिला के वजीरगंज ब्लाक के गहलौर घाटी के दशरथ माँझी अकेले एगो पहाड़ के काट के आम आदमी खातिर रास्ता निकाले खातिर २२ साल लगा दिहलें. दुनिया में अपना तरह के ई अनूठा कहानी बा. एह वृतचित्र के केन्द्रीय फिल्म प्रसारण बोर्ड खरीद लिहले बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।