‘दिल हो गईल कुर्बान’ में सीमा सिंह के डबल धमाका
-

भोजपुरिया आयटम क्वीन सीमा सिंह के डांस जलवा अब ‘दिल हो गईल कुर्बान’ में नजर आई. एह फिलिम में सीमा सिंह के दू गो आयटम नंबर बा. एह फिल्म के निर्माता आर.एस. त्रिपाठी आ निर्देशक बृज भूषण हउवें.

एकरा अलावे सीमा सिंह पिछला दिने दू गो अउरी फिलिमन के, ‘नाच दुलारी नाच’ अउर ‘लाडली’ के शूटिंग कइली.

‘नाच दुलारी नाच’ के निर्देशन श्रीधर शेट्टी, बैनर बालाजी फिल्म्स प्रा. लि. के, गीत राकेश निराला के लिखल, संगीत राकेश त्रिवेदी के दिहल, पटकथा केशव राठौड़ के आ संवाद मोहम्मद रफी खान के लिखल बा. मुख्य भूमिका श्री कनकनी, रीतू, उदय श्रीवास्तव, जफर अली अउर रोहित सिंह मटरू बाड़ें.

‘लाडली’ के निर्माता नरेन्द्र बख़्त, कुमार प्रसाद आ संजीव सिंह कृष्णा, बैनर अविनाश मोशन पिक्चर्स के, निर्देशन संजीव सिंह कृष्णा के बा. मुख्य भूमिका में सुनील छैला बिहारी, मोनालिसा आ स्मृति सिंह के नाम बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts