दुर्गा माई के नौ रुप 6.कात्यायनी


(षष्ठी, बियफे, १० अक्टूबर २०१३)
चन्द्रहासोज्ज्वलकरा शार्दूलवरवाहना |
कात्यायनी शुभं दद्याद्देवी दानवघातिनी |

माई दुर्गा अपना छठा रूप में ” कात्यायनी ” का नाम से जानल जाली.नवरात्र में छठा दिन माई के एही रूप के पूजा होला.”कत” नामक प्रसिद्ध ॠषि के पुत्र “कात्य” का गोत्र में विश्वप्रसिद्ध महर्षि कात्यायन भइले.ई भगवती पराम्बा के उपासना करत कई बरिस तक कठिन तपस्या कइले.इनकर इच्छा रहे कि माई भगवती इनका घर में बेटी का रूप में जन्म लेसु.माई इनकर प्रार्थना स्वीकार कऽ लिहली.एही से माई के नाँव कात्यायनी परल.माई कात्यायनी अमोघ फल देबेवाली हई.भगवान कृष्ण के पति रूप में पावे खातिर ब्रज के सभ गोपी लोग यमुना जी के किनारे इहाँके पूजा कइले रही.इहाँके स्वरूप भव्य आ दिव्य बा.माई के चार गो भुजा बा आ इहाँके वाहन सिंह हऽ.माई कात्यायनी के भक्ति आ उपासना से बहुते सहजता से अर्थ,धर्म,काम आ मोक्ष चारो फल प्राप्त हो जाला.नवदुर्गा में छठवी माई कात्यायनी दुर्गाजी के जय हो.


(चित्र आ विवरण डा॰रामरक्षा मिश्र का सौजन्य से)

1 Comment

  1. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    माननीय सिंह साहब, मानेके परी रउरा काम के. गजब अपडेट ! पंचमी आ षष्ठी तिथि के एके दिन के सूचना का प्रति राउर सत्वरता आ सावधानी सचमुच राउर काम का प्रति निष्ठा के प्रमान बा. वर्तमान में ई विषय अब बहुत कम लोगन खातिर महत्त्वपूर्ण रहि गइल बा, कारन चाहे जवन होखे. राउर काम आ काम के प्रवृत्ति- दूनो नमस्य बा. बंगाल में त आजुए से माई के प्रतिमा के दर्शन शुरू बा. हमरा ओर से रउरा आ पूरा अँजोरिया परिवार के दुर्गापूजा के शुभकामना. – विमल