कानपुर में 19 अक्टूबर का दिने भइल विशाल रैली में नरेद्र मोदी उत्तर प्रदेश में आपन चुनावी बिगुल फूंकत जनता गोहार लगवलेकि केद्र के कांग्रेस सरकार के उखाड फेके लोग काहे कि देश के भ्रष्टाचार मुक्त आ विकासोन्मुख बनावे ला ई जरूरी बा.
एगो विशाल रैली को सम्बोधित करत मोदी कहले कि स्वतंत्रता संग्राम का दौरान 1857 मे कानपुर, झांसी, आ मेरठ से अंग्रेजन के बाहर भगावे के संकल्प लीहल गइल रहे. आजु ओही तरह केन्द्र से कांग्रेस के भगावे के संकल्प लिहला के जरूरत बा. तब लड़ाई स्वराज ला रहे अब लड़ाई सुराज ला होखी.
कांग्रेस आ ओकरा साथी गोलन पर प्रहार करत मोदी लोग से सवाल पूछले कि जवना तरह ई गोल ओहलोग के जिनिगी तबाह कइले बिया का वइसने अपना बचवनो ला चाही लोग? कहलन कि अगर अपना बचवन के उज्ज्वल भविष्य चाहत बानी सभे त अगिला चुनाव मे कांग्रेसो के ओही तरह तबाह कर दीं सभे.
कांग्रेसे का साथे ओकरा सहयोगी दल सपा आ बसपो पर कडा प्रहार करत मोदी कहलन कि ई तिकडी सिर्फ देश आ समाज के बांटे के काम कइले बिया. कहलन कि अब समय आ गइल बा कि कांग्रेस समेत ओकरा सहयोगीओ गोलन के अइसन सबक सिखावल जाव कि फेर कबो कवनो गोल जनता से बेवफाई करे के हिम्मत ना कर सके.
नरेन्द्र मोदी कहलन कि अटल बिहारी बाजपेयी के शासनकाल छोड कांग्रेस पिछला 60 साल तक सिर्फ जनता के बेवकूफ बनवले बिया. चुनाव घरी वायदा क के बाद में भुला गइल, झूठ बोलल आ जनता का आंखि में धूरा झोंकल कांग्रेस के चरित्र रहल बा.
याद दिअवलन कि 2009 का चुनाव में कांग्रेस वादा कइले रहे कि 100 दिन मे महंगाई कम कर देब जा बाकिर अइसन ना होखला का बादो प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, कांग्रेस अध्यक्ष श्रीमती सोनिया गांधी, भा शहजादे .राहुल गांधी.एको बेर खेद ना जतवले.
कांग्रेस पर तंज कसत मोदी कहलन कि आजु कांग्रेसी नेता भ्रष्टाचार आ महंगाई के त बातो ना करसु आ बस मोदी मोदी आ गुजरात गुजरात करत रहेले.
कहलन कि उच्चतम न्यायालय मे सरकार कहत बिया कि कोयला मंत्रालय के फाइल गायब हो गइल बाड़ी सं बाकिर असल में दिल्ली में सरकारे गायब हो गइल बिया. साथही जनता के जिनिगियो बिला गइल बा.
राहुल गांधी पर गरीबन के मजाक उडावे के आरोप लगावत मोदी कहलन कि जे सोना के चम्मच मुंह मे लेके पैदा भइल होखे ऊ गरीब आ गरीबी के बारे मे का जानी.
मोदी कहलन कि धर्मनिरपेक्षता कांग्रेस के जडी बूटी ह जवना के इस्तेमाल ऊ चुनाव जीते ला करेले. कहलन कि भाजपा सगरी धर्म के साथे लेके भारत माता के विकास खातिर काम करे के चाहत बिया. कहलन कि भाजपा ला देशे मजहब ह, संविधाने धर्मग्रन्थ ह, आ 120 करोड जनता एकमात्र शक्ति आ भारत माता के भक्ति एकमात्र भक्ति ह. कहलन कि वोट बैक के राजनीति बहुत हो चुकल अब सिर्फ विकास के राजनीति करे के समय आइल बा.
मोदी कहलन कि देश के आठ गो प्रधानमंत्री देबे वाला राज्य विकास का नाम पर जीरो बावे. एहसे उत्तरो प्रदेश के कांग्रेस, सपा आ बसपा के तिकड़ी से मुक्ति मिले के चाहीं.
रैली के सम्बोधित करत भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह कहलन कि पार्टी नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के दावेदार त बना दिहले बिया बाकिर उनुका जनता के आशीर्वाद के बहुते जरुरत बा. कहलन कि कानेपुर में जनसंघ के पहिला अधिवेशन भइल रहे आ नरेन्द्र मोदी के ई पहिलका रैलीओ ओही तरह इतिहास बनाई.
जाने जोग बा कि नरेन्द्र मोदी के उत्तर प्रदेश मे आठ गो रैलियन मे से ई पहिला रैली रहवुे जवना के पार्टी का ओर से .विजय शंखनाद रैली के नाम दीहल रहे. ई संजोगे बा कि कानपुर से भाजपा का लगे एकहु लोकसभा सीट नइखे. एहिजा के छह मे से तीन सीट सपा आ तीन गो कांग्रेस के लगे बा.
कानपुर के विजय शंखनाद रैली मे मुख्यमंत्री रहल कल्याण सिंह आ भाजपा के बड़का नेता मुख्तार अब्बास नकवी, वेकैया नायडू समेत प्रदेश पार्टी अध्यक्ष डा. लक्ष्मीकान्त बाजपेयीओ मौजूद रहले.
(वार्ता)
0 Comments