देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (22 मई 2015)
  • बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल स्व॰ राजीव गाँधी के पुण्यतिथि रहुवे बाकिर एह मौका पर उनुका के सरधांजलि देबे खातिर राष्ट्रपति भा उपराष्ट्रपति उनका स्मारक ना चहुँपले. बतावल जात बा कि केन्द्र सरकार के फैसला बा कि अबसे एह तरह के कार्यक्रम सरकार ना कराई आ घर परिवार भा गोल के लोग आपन कार्यक्रम करावल करी. एहसे बियफे के कार्यक्रम कांग्रेस करवले रहुवे. एह कार्यक्रम में अपना दिवंगत पति के सरधांजलि देबे आइल सोनिया गाँधी माथ पर पल्लू राखे के संस्कार ना देखा सकली आ खुले माथ जा के फूल चढ़वली.
  • जरूरत पड़ला पर सड़को पर हवाई जहाज उतारल जा सके एह बात के देखे खातिर बियफे का दिने वायुसेना के मिराज लड़ाकू विमान के मथुरा का लगे यमुना एक्सप्रेसवे पर सफलता से उतार लीहल गइल. देश में पहिला बेर कवनो जहाज एह तरह से सड़क पर उतारल गइल. सरकार के योजना बा कि सीमा वाला इलाका में सड़क एह तरह से बनावल जाव कि जरुरत पड़ला पर ओकरा के हवाई पट्टी का तरह इस्तेमाल के साजो सामान आ सेना चहुँपावल जा सके.
  • तमिलनाडु में एक बेर फेरू जयललिता के मुख्यमंत्री बनावल जाई. आजु सबेरे उनका आवास पर बोलावल विधायकन के बइठक में उनुका के नेता चुन लीहल गइल. अब शनिचर का दिने उनुका के पाँचवा बेर तमिलनाडु के मुख्यमंत्री पद के किरिया धरावल जाई.
  • कश्मीरी अलगाववादी सैयद शाह गिलानी के पासपोर्ट का बारे में राजनीतिक उठापटक के दौर जारी बा. अपना के हिन्दुस्तानी ना माने वाला गिलानी के दुबई जाए ला पासपोर्ट के दरकार बा आ एकरा खातिर अपना दरखास्त में अपना हिन्दुस्तानी नागरिक होखे के बात कहे के पड़ी गिलानी के. एह पर कुछ लोग चाहत बा कि गिलानी के बिना कवनो औपचारिकता करवले पासपोर्ट जारी कर दीहल जाव.
  • केंद्रीय मंत्रिमंडल प्रवासी भारतीयन के निवेश के भारतीय निवेश का तरह से माने के फैसला कइले बावे. एह फैसला से प्रवासी भारतीयन के देश में निवेश बढ़े के उमेद जतावल जात बा. एगो दोसर खबर में आइल बा कि अब भारतीय कंपनी विदेश से रुपिया में करजा ले सकीहें.. एह काम खातिर करजा देबे वाला भारत में आपन प्रतिनिधि कार्यालयो खोल सकीहें.
  • इस्लामी आतंकवादी संगठन इस्‍लामिक स्‍टेट सीरिया के आधा से अधिका इलाका पर कब्जा क लिहले बावे आ ओहिजा लोगन के कत्लेआम करे में लागल बावे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।