देश दुनिया के खबर

देश

  • विश्व हिंदू परिषद के अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक सिंघल दिल्ली विस्फोट में मराइल लोग खातिर दुख जतावत एह सब ला केंद्र सरकार के दिशाहीनता आ लचर नीति के जिम्मेवार ठहरवले आ माँग कइले कि संसद पर हमला के दोषी अफजल गुरु के तुरते फांसी पर चढ़ा दिहल जाव.
  • दिल्ली विस्फोट में मरे वालन के गिनिती 13 भइल. आजु अस्पताल में दू आदमी के मौत हो गइल. काल्हु एगारह लोग मरल रहे.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी आजु संसद में वोट खातिर नोट मामिला में सरकार से अपना के गिरफ्तार करे के कहलन. उनुकर कहना रहे कि अगर भाजपा के दुनु सांसद रहल लोग दोषी बा त उहो दोषी बाड़न. एह मुद्दा पर लगातार हंगामा का चलते आजु दुनु सदन के कार्यवाही अनिश्चितकाल खातिर टार दिहल गइल.
  • पिछला 48 घंटा में विदर्भ के 7 गो किसान आत्महत्या कर लिहलन. एह साल अबले 514 किसान आपन जान दे चुकल बाड़न. ई जानकारी एगो गैर सरकारी संगठन दिहले बा.
  • दिल्ली विस्फोट में घवाहिलन के परिजन नेतवन से अस्पताल ना आवे के कहत बाड़न काहे कि ओह लोग का अइला से इलाज में बाधा आवत बा.
  • प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्यमंत्री वी. नारायणसामी आजु संसद में कहलन कि भगवान वाल्मीकि जयंती के राष्ट्रीय अवकाश घोषित कइल ठीक ना रही.
  • भारत आ बांग्लादेश का बीचे जमीन के अदला-बदली के असम में विरोध होत बा आ लोग एकरा के ‘विश्वासघात’ कहत बा.
  • हरियाणा सरकार ने भठियरपन के मामिला सामने ले आवे वालन खातिर सुरक्षा नीति के घोषणा कइलसि.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु केंद्र आ राज्य सरकारन के अपना अपना अधिकार क्षेत्र में आवे वाली सगरी अदालतन में सीसीटीवी कैमरा आ दोसर सुरक्षा उपकरण लगवावे के निर्देश दिहलसि.
  • दिल्ली विस्फोट का मद्दे नजर ऑल इंडिया बार एसोसिएशन आ भारतीय न्यायविद् परिषद बियफे से शुरू होखे वाली पाकिस्तान सद्भावना यात्रा रद्द कर दिहलसि.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय के न्यायाधीश आ वकील लोग विस्फोट में मराइल लोग खातिर दू मिनट के मौन राख के आपन शोक संवेदना जतावल.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी एक बेर फेरू रथयात्रा पर निकलिहें. उनकर कहना बा कि केंद्र सरकार आपन वैधता गँवा चुकल बिया.
  • कर्नाटक उच्च न्यायालय मुख्यमंत्री रहल एच.डी.कुमारस्वामी आ उनका मेहरारू एच.डी.अनीता के भठियरपन का एगो मामिला में बियफे का दिने अग्रिम जमानत दे दिहलसि.
  • त्रिपुरा में सशस्त्र बल (विशेष शक्तियां) अधिनियम के अवधि अउरी छह महीना ला बढ़ा दिहल गइल.
  • दिल्ली विस्फोट के जिम्मेदारी अब इंडियन मुजाहिदीन लिहलसि.
  • आजु संसद के कार्यवाही अनिश्चित काल खातिर टारत लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार कहली कि एह बीच सोनिया गाँधी के कमी बहुते अखरल आ उमेद जतवली कि ऊ अब जल्दिये स्वस्थ हो जइहे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ उनुकर मेहरारू गुरशरण कौर आजु बियफे का दिने राष्ट्रीय नेत्रदान दिवस का मौका पर आपन आँखि दान करे के संकल्प लिहल लोग.
  • अमर सिंह के जमानत याचिका पर आजु कवनो फैसला ना भइल. अब काल्हु फेर सुनवाई होई.
  • कर्नाटक के मंत्री रहल जनार्दन रेड्डी के जमानत पर सुनवाई टार दिहल गइल. अब काल्हु सुनवाई होई. उनुका के अवैध खनन घोटाला में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • दिल्ली विस्फोट का बाद आजु उच्च न्यायालय में कामकाज शुरू हो गइल बाकिर अबही ले पुलिस का हाथे कवनो सुराग नइखे मिलल.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय के बाहर भइल बम विस्फोट का सिलसिला में दू साल पहिले चोरी गइल कार के घटनास्थल पर देखल गइल रहे. अब ओकर पता लगावल जा रहल बा.
  • वोट के बदला नोट के मुद्दा संसद में ना उठावे देबे का खिलाफ आजु राजग संसद भवन परिसर प्रदर्शन कइलसि. भाजपा के आरोप बा कि एह मामिला में ओह लोग के जेल भेज दिहल गइल जे मामिला के पर्दाफाश कइलसि.
  • दिल्ली में काल्हु देर रात आइल भूकम्प से जान-माल के कवनो नुकसान नइखे भइल.
  • लगातार हंगामा आ रुकावट डलला से अँउजिया के राज्यसभा के सभापति हामिद अंसारी बियफे का दिने राज्यसभा के कार्यवाही अनिश्चितकाल खातिर टार दिहले आ सदस्यन से एह पर आत्मचिंतन करे के कहलन.
  • दिल्ली विस्फोट के जमात-ए-इस्लामी निंदा कइलसि.
  • वरिष्ठ राजनीतिज्ञ एम. ओ. एच. फारुक केरल के 18वां राज्यपाल बन के बियफे का दिने संविधान का हिसाब से चले के किरिया खइले.
  • अब महाकालेश्वर के दर्शन करे आवे वाला श्रद्धालुअन में से ओही लोग के मंदिर के धर्मशाला में टिके दिहल जाई जिनका लगे वास्तविक पहचान-पत्र होई.
  • दिल्ली विस्फोट में एगो अउर घवाहिल आज मर गइल जवना का बाद मरे वालन के गिनिटी 12 हो गइल.
  • कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी सफल सर्जरी करवा के आजु बियफे फजीरे भारत लवटी अइली.
  • दिल्ली में भइल विस्फोट का चलते महाराष्ट्र के मुम्बई समेत सगरी शहरन में अतवार का दिने होखे वाला गणेश विसर्जन उत्सव खातिर सुरक्षा के कड़ा बंदोबस्त कइल जा रहल बा.

दुनिया

  • जानकारन के कहना बा कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के दू दिन के ढाका यात्रा में सीमा विवाद सलटा लिहल गइल आ कई गो करार पर दस्तखत भइल. तिस्ता नदी जल बंटवारा समझौते पर हस्ताक्षर ना होखला से उपजल निराशा का बदले जवन भइल बा तवना पर ध्यान दिहल जाये के चाहीं.
  • चीन में नकली सामान बेचे वाली 1200 वेबसाइट के सरकार बंद करा दिहलसि. आ गलत ट्रेडमार्क वाला 38,446 उत्पाद इंटरनेट से हटवा दिहलसि.
  • पाकिस्तान में एगो लड़िका सेना के सेवानिवृत अधिकारी के बेटी से छेड़खानी कइलसि त ऊ अधिकारी ओह लड़िका के बाप महतारी के गोली मार दिहलसि. दुनु जने के मौत हो गइल बा.
  • गद्दाफी एह बाति के गलत आ मनोवैज्ञानिक युद्ध करार दिहले कि ऊ लीबिया छोड़ नाइजर चल गइल बाड़न.
  • ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन के सरकारी आवास-10 डाउनिंग स्ट्रीट के चूहन से मुक्त करावे खातिर ले आइल गइल बिल्ला पड़ोस में रहे वाली बिलाई का इश्क में पड़ के नाकाम साबित हो रहल बा.
  • अल कायदा सरगना ओसामा बिन लादेन के शरणगाह बनल एबटाबाद में हिरासत में लिहल गइल दू गो फ्रांसीसी आ चार गो पाकिस्तानी पत्रकारन के रिहा कर दिहल गइल बा.
  • अमेरिका के कैलीफोर्निया में बुध का दिने एगो स्कूल में बम रखल होखला का अफवाह का बाद ओकरा के तुरते खाली करा लिहल गइल. ओह समय 3,000 से अधिका छात्र मौजूद रहले.
  • ईरान के सबले बड़की रिफाइनरी में बुध का दिने आग लाग गइल जवना में चार लोग घवाहिल हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय

  • योग गुरु बाबा रामदेव का नाम से एकहू कंपनी नइखे जबकि उनुका नजदीकी सहयोगी आचार्य बालकृष्ण का नाम से 34 गो कम्पनी पंजीकृत बाड़ी सँ आ एह कम्पनियन के कुल करोबार 265 करोड़ रुपिया से अधिका के बा.
  • रिलायंस इंडस्ट्रीज गैस समझौता के सीमा नइखे लँघले. कहले मुकेश अंबानी.
  • एयर इंडिया मामिला पर संसद के सँउपल अपना रिपोर्ट में नियंत्रक एवं महालेखा परीक्षक कहले बाड़न कि नया जहाज खरीदला आ बदइंतजाम का चलते एयर इण्डिया खराब हालत में चल गइल.
  • रिलायंस कम्युनिकेशंस के एचडीएफसी से 1400 करोड़ रुपिया के काम के काम के ठेका मिलल बा.
  • भारत दक्षिण एशिया के देशन से कहलसि कि एह इलाका के एका आ व्यापार आ निवेश बढ़ावे खातिर सीमा शुल्क अउर दोसर बाधा हटावल जाव.
  • 2जी स्पेक्ट्रम मामला में सुब्रह्मण्यम स्वामी सर्वोच्च न्यायालय से कहले कि एह मामिला में चिदम्बरम के भूमिका के जांच करावल जाव.
  • नागरिक उड्डयन मंत्री प्रफुल्ल पटेल के कहना बा कि एयर इण्डिया खातिर हवाई जहाज खरीदल जरूरी रहल.
  • सीएजी का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि मुकेश अम्बानी के नेतृत्व वाला रिलायंस इंडस्ट्रीज कृष्णा-गोदावरी बेसिन से निकालल गैस के बंटवारे खातिर सरकार का साथे भइल समझौता के लँघले बा आ सरकार के ओकर हिस्सा नइखे दिहले.
  • भारत के नियंत्रक-महालेखा परीक्षक (सीएजी) के दु गो रिपोर्ट आजु बियफे का दिने संसद में पेश कइल गइल, जवना में कृष्णा-गोदावरी बेसिन से गैस निकाले के लेके रिलायंस इंडस्ट्रीज का साथ भइल समझौता आ दोसरका में एयर इंडिया के संचालन में खामी देखावल गइल बा.
  • देश के शेयर बाजार में आजु बियफे के दिन तेजी दर्ज भइल आ सेंसेक्स 100.54 अंको चढ़ के बंद भइल.
  • सीएजी आलोचना कइलसि त रिलायन्स के शेयरन में गिरावट आ गइल.

मनोरंजन

  • प्रख्यात गायिका आशा भोसले आजु आपन 78वां जन्मदिवस बहुते साधारण तरीका से अपना परिवार वालन का साथे मनवली.
  • भारतीय फैशन उद्योग के अग्रणी डिजाइनर ऋतु कुमार कहली कि फैशन के दुनिया बाहर से बहुते खूबसूरत लउकेले बाकिर असलियत में ई बड़ा कठिन करियर होला.
  • आस्ट्रेलियाई फिल्मकार बैज लुहरमैन के कहना बा कि अपना फिल्म ‘द ग्रेट गैट्सबाय’ में बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन के लेके ऊ बहुते रोमांचित आ सम्मानित महसूस करत बाड़े.
  • फिल्मकार रोहित शेट्टी के एक्शन भरल फिल्म ‘सिंघम’ अपना प्रदर्शन के छह हफ्ता में कुल 100 करोड़ रुपिया के व्यवसाय कर लिहलसि आ ई आँकड़ा खाली भारत में भइल कमाई के बा. अभिनेता अजय देवगन एह फिल्म में मुख्य भूमिका में बाड़न.

खेल

  • दिल्ली में भइल विस्फोट का चलते प्रशासन के सलाह मानत शनिचर के होखे वाला द हीरो साइकिल्स इंडिया साइक्लोथान कार्यक्रम टार दिहल गइल बा.
  • जिम्बाब्वे का साथे पहिला एकदिना मैच में पाकिस्तान 5 रन से जीत गइल जब 248 रन के निशाना के पीछा करत जिम्बाब्वे के टीम 50 ओवर में 242 रन बना पवलसि.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में भारत के महिला टीम चीन से 0-4 से हार गइल.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में हॉकी फाइनल खातिर आखिरी लीग मुकाबिला में भारत आ पाकिस्तान का बीचे शुक का दिने मैच होई.
  • स्टेट बैंक ऑफ हैदराबाद बैंगलुरू में भइल मैच में एअर इंडिया के एक विकेट से हराके राज सिंह डूंगरपुर ट्रॉफी क्रिकेट प्रतियोगिता के खिताब जीत लिहलसि.
  • भारत इंगलैण्ड का बीच तिसरका एकदिना शुक का दिने ओवल में खेलल जाई. अबकी का दौरा पर धोनी के टीम एगो जीत खातिर तरस के रह गइल बिया.
  • पूर्व कप्तान यूनिस खान (78)आ मौजूदा कप्तान मिस्बाह उल हक (54) के उम्दा पारी का मदद से पाकिस्तान क्रिकेट टीम क्वींस स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर आजु होत पहिलका एकदिना में जिम्बाब्वे खातिर 248 रन के निशाना दिहले बा.
  • अमेरिकी ओपन में बुध के दिन के सगरी मैच रद्द कर दिहल गइल काहे कि बरखा का बाद कोर्ट अतना खतरनाक रहल कि खिलाड़ी खेले से इन्कार कर दिहले.
  • शानदार गेंदबाजी का बूते आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम पालेकेले अंतर्राष्ट्रीय स्टेडियम में आजु बियफे के होत दुसरका टेस्ट मैच के पहिला दिने मेजबान श्रीलंका के पहिला पारी 174 रन पर समेट दिहलसि.
  • भारत के गौरव गिल एह हफ्ता होत विश्व रैली रैंकिंग में एशियाई रैली चालकन में पहिला जगहा हासिल कर लिहले.

0 Comments