नन्दू निक्कमा में अरुण सिंह

फिल्म जगत में वइसे त ढेरे कलाकार आपन किस्मत आजमावे आवेले बाकिर देर सबेर सभका एह सच्चाई से रुबरु होखे पड़ेला कि फिल्मी दुनिया में कामयाब होखे ला अथाह प्रतिभा, लगन आ धीरज के जरूरत होला. हालांकि इहो साँचे बा कि भाई भतीजावाद का नींव पर कई कलाकारन के आसानी से सफलता मिल जाला.

बाकिर जिनकर एह फिल्मी दुनिया में केहू माई बाप नइखे ओकरा त अपने आपन राह निकाले के पड़ेला. अइसन कलाकारन के कामयाबी उनुका के काबिले तारीफ बनावेले. आ ओही में से हउवे अरूण कु. सिंह जे बिहार के रोहतास जिला के विक्रम गंज शहर के रहे वाला हउवन. साल 2002 में अभिनय करे आ गाना गावे मुम्बई त आ गइलन बाकिर अभिनय भा गावे के मौका मिले खातिर जवना पहचान के जरूरत होला उहे इनका लगे ना रहल. पूरा पढाई बैंगलोर यूनीवर्सिटी से कइलन ओहिजे कॉलेज में बेस्ट सिंगर के अवार्डो पवले. बचपने से सपना रहल कि फिलिमन में काम करसु बाकिर पढ़ाई का चलते ना कर पवले. बाकिर अब इंजीनियर बनला का बादो भोजपूरी फिलिमन में गावत बाड़न, अभिनय करत बाड़न.

अरुण सिंह निर्देशक ब्रज भूषण के फिल्म ‘‘नन्दू निक्कमा’’ में एगो डॉक्टर के भूमिका में बाड़न. निर्देशक आकाश योगी के फिल्म ‘‘लाल चिंगारी’’ में एसपी बनल बाड़े, महुआ टीवी के धारावाहिक स….से सुरसतीओ में ड़ा. के किरदार करत बाड़न आ हिन्दी फिल्म ‘‘बेगर्स डॉन’’ मे भिखारिअन के डॉन बनल बाड़न.


(स्रोत संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।