नाट लड़िका से बिआह ना करब

छपरा जिला के कोपा थाना के कुमना गांव के भुवनेश्वर राय के बेटा सर्वजीत कुमार राय के शादी सिवान के सिसवन थाना इलाका में गयासपुर के मोतीलाल राय के बेटी किरण कुमारी से होखे वाला रहुवे, २३ तारीख के तिलक पड़ल आ २५ तारीख के लड़िका के दुबारा देखे खातिर ताजपुर बोलावल गइल. ओहिजा लड़िकीओ ओकरा के देखलसि आ लड़िका के नाट देख के सबका सोझा शादी करे से मना कर दिहल. एकरा बाद लड़िका पक्ष के कहना बा कि लड़िका पहिलहू देखले रहे लोग आ ऊ वइसन नाट नइखे जइसन कहल जात बा. ओ लोग आपन नुकसान के भरपाई कन्या पक्ष से माँगत बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..