नारायण राणे के राज्यसभा में ले आई भाजपा
-

नयी दिल्ली 11 मार्च (वार्ता). भाजपा का तरफ से महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रह चुकल नारायण राणे के महाराष्ट्रे से राज्यसभा उमीदवार बनावल गइल बा.
भाजपा गोल के महासचिव अनिल जैन के यूपी से आ सरोज पाण्डेय के छत्तीसगढ़ से प्रत्याशी बनावल गइल बा.

राज्यसभा के दू बरिसा चुनाव में अबकी हो रहल 58 सीट के चुनाव ला आजु अपना दुसरकी सूचा में 18 गो उमीदवारन के नाम जाहिर कर दिहलसि. पहिलका सूची में आठ लोग के एलान हो चुकल बा.

भाजपा मुख्यालय में मीडिया विभाग प्रमुख अनिल बलूनी के उत्तराखंड से अउर गोल के बोलतुआ जीवीएल नरसिंह राव के यूपी से उमीदवार बनावल गइल बा.

आजु जारी सूची में यूपी से सात, मध्यप्रदेश, राजस्थान, अउर महाराष्ट्र से दू-दू गो, छत्तीसगढ़, कर्नाटक, झारखंड, हरियाणा आ उत्तराखंड से एक-एक गो उमीदवार घोषित कइल गइल बाड़ें.

यूपी से अशोक बाजपेई, विजयपाल सिंह तोमर, सकलदीप राजभर, जीवीएल नरसिंह राव, हरनाथ सिंह यादव, कांता कर्दम आ डॉ. अनिल जैन के उमीदवार बनावल गइल बा. महाराष्ट्र से नारायण राणे आ वी. मुरलीधरन के, मध्यप्रदेश से अजयप्रताप सिंह आ कैलाश सोनी के अउऱ राजस्थान से किरोड़ीलाल मीणा आ मदनलाल सैनी के उमीदवार बनावल गइल बा. छत्तीसगढ़ से सरोज पांडेय, उत्तराखंड से अनिल बलूनी, हरियाणा से लेफ्टिनेंट जनरल (अवकाशप्राप्त) डी पी वत्स, झारखंड से समीर उराँव अउर कर्नाटक से राजीव चंद्रशेखर के टिकट दीहल गइल बा.

पहिला सूची में सात गो केन्द्रीय मंत्रियन आ भाजपा महासचिव भूपेन्द्र यादव के नाम के एलान हो चुकल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts