नियोजित शिक्षकन से बतियावे ला तइयार बिया सरकार

बिहार विधानसभा में शिक्षा मंत्री पीके शाही कहलन कि सरकार नियोजित शिक्षकन से बतियावे ले तइयार बिया बाकिर तनखाह, सरकारीकरण, आ तबादला का बारे में कवनो बात ना होखी. हँ बेंवत भर मानदेय बढ़ावे के जरूर कोशिश करी बिहार सरकार.

जान जाईं कि नियोजित शिक्षक २१ फरवरी से हड़ताल पर बाड़न ड़ आर ब्लॉक चौराहा पर धरना दे के बइठल बाड़न. एह चलते आवाजाही में भयंकर परेशानी होखत बा आम जनता के.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..