निरहुआ के जलवा हर बेर का तरह एहू बेर माथे चढ़ल
-

भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस के सरताज सितारा दिनेशलाल यादव निरहुआ के जलवा हमेशा का तरह माथे चढ़ के बोलत बा. लगातार पाँच बरीस से भोजपुरी परदा के सर्वश्रेष्ठ नायक रहल निरहुआ के जलवा एहू साल जारी बा. एह साल रिलीह उनुकर पहिलका फिलिम ‘खून पसीना’ बिहार आ मुंबई में शानदार बिजनेस करत बिया. एह फिल्म के मुम्बई के 45गो आ बिहार के 65 गो सिनेमाघरन में देखावल जात बा.

फिल्म में निरहुआ के अभिनय आ एक्शन सीन के बहुते बड़ाई होखत बा. अतने ना फिलिम में उनुकर गाना ‘निरहुआ गंगा किनारे वाला’ सुननिहारन का कंठ पर बस गइल बा. फिलिम में निरहुआ के जोड़ी जमल बा पाखी हेगडे का साथ. निरहुआ खातिर दर्शकन के दिवानगी के आलम ई बा कि उनुका हर इंट्री पर दर्शकन के ताली बाजे लागत बा.

फिल्म के मिलल सफलता खातिर अपना प्रशंसकन के धन्यवाद देत बाड़न निरहुआ. एह साल उनुकर रिलीज होखे वाली फिलिमन में अभय सिन्हा के बिदेसिया, रवि शर्मा के एक बिहारी सौ पे भारी, अभय सिन्हा के एक दूजे के लिए अउर दीपक सावंत के गंगा देवी के नाम बा.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts