नीतीश कुमार के मातृशोक

काल्हु बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के माता परमेश्वरी देवी के निधन मुख्यमंत्री का सरकारी आवास पर हो गइल. ऊ ढेर दिन से बीमार चलत रही आ कुछ दिन पहिले इन्दिरा गाँधी इन्स्टिच्यूट आफ कार्डियोलाजी में भरती रही. ओहिजा से उनका कहला पर घरे ले आइल गइल आ ओहिजे इलाज चलत रहुवे. काल्हु जब नीतीश कुमार नया साल के बधाई देत लेत रहुवन तबही महतारी के तबियत बिगड़े के खबर मिलल. आनन फानन में डाक्टर बोलवाल गइलें बाकिर विधि का विधान का आगे सभके हारही के पड़ेला. परमेश्वरी देवी ९२ साल के रहुवी. आज उनकर पार्थिव शरीर बख्तियारपुर ले जाइल जहाँ अन्तिम दर्शन का बाद फेर पटना ले आ के दीघा घाट पर अन्तिम संस्कार करावल जाई.

भोजपुरी सिने स्टार मनोज तिवारी एह अवसर पर आपन दुख जतवले बाड़न.

0 Comments