नेपाल में बँवारा गठबन्हन के शानदार जीत

माओवादी विद्रोहियन आ कम्युनिष्टन के गठबन्हन नेपाल के संसदीय चुनाव में बड़हन जीत हासिल क के सरकार बनावे वाला बहुमत पा गइल बावे. बँवारा गठबन्हल के 84 गो सीट मिल चुकल बा आ 31 गो प ऊ गठबन्हन आगे बिया. एकरा साथही पिछला 11 बरीस से चलल आवत राजनीतिक अहजह के हालात खतम होखे के हालात बन गइल बा. नेपाली कांग्रेस अबहीं ले कुल 165 सीटन में से महज 31 गो सीटन प जीतल बिया. नेपाल के सातो प्रान्तनो में एही गठबन्हन के जीत मिलल बा. हालांकि पूरी रीजल्ट आवे में करीब दसएक दिन लागे वाला बा.
स्रोत स्रोत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।