न्यूजहंट पर भोजपुरी

newshuntदुनिया भर के अखबारन आ मीडिया से बटोरल सामग्री के मोबाइल पर चहुँपावे वाला एप न्यूहंट अब भोजपुरी भाषा के दू गो लोकप्रिय मीडिया – भोजपुरिका डाॅटकाॅम आ टटकाखबर डाॅटकाॅम – के शामिल क लिहले बावे. एहसे भोजपुरी प्रेमी लोग अपना स्मार्ट फोन पर सहजता से भोजपुरी के तरह तरह के सामग्री के पढ़ सकी.

एह एप पर भोजपुरी के हिन्दी भाषा वर्ग में राखल गइल बा बाकिर एकदम से अलग केटेगरी बना के. एह एप के इस्तेमाल करे वाला लोग बहुते सहज तरीका से भोजपुरी साहित्य, सरोकार आ मनोरंजन जगत के हालचाल पढ़ सकी.

रउरा सभे के जान के खुशी होखी कि भोजपुरी के अतना बड़हन मंच पर शामिल होखे के सौभाग्य भोजपुरी में पहिलका वेबसाईट अँजोरिया डाॅटकाॅम परिवार के दू गो सबले खास साईटन के मिलल बा. एकरा पीछे एह साईटन पर दीहल जाए वाला भोजपुरी सामग्री आ नियमित अपडेट होखल बा. भोजपुरी के बहुते साईट या त हिन्दी भा अंगरेजी में काम करेलं भा नियमित रूप से अपडेट ना होखल करे. साथही सामग्री के विविधतो के कमी बा एह लोग का लगे.

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई ..

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।