न्यूजहंट पर भोजपुरी
-

newshuntदुनिया भर के अखबारन आ मीडिया से बटोरल सामग्री के मोबाइल पर चहुँपावे वाला एप न्यूहंट अब भोजपुरी भाषा के दू गो लोकप्रिय मीडिया – भोजपुरिका डाॅटकाॅम आ टटकाखबर डाॅटकाॅम – के शामिल क लिहले बावे. एहसे भोजपुरी प्रेमी लोग अपना स्मार्ट फोन पर सहजता से भोजपुरी के तरह तरह के सामग्री के पढ़ सकी.

एह एप पर भोजपुरी के हिन्दी भाषा वर्ग में राखल गइल बा बाकिर एकदम से अलग केटेगरी बना के. एह एप के इस्तेमाल करे वाला लोग बहुते सहज तरीका से भोजपुरी साहित्य, सरोकार आ मनोरंजन जगत के हालचाल पढ़ सकी.

रउरा सभे के जान के खुशी होखी कि भोजपुरी के अतना बड़हन मंच पर शामिल होखे के सौभाग्य भोजपुरी में पहिलका वेबसाईट अँजोरिया डाॅटकाॅम परिवार के दू गो सबले खास साईटन के मिलल बा. एकरा पीछे एह साईटन पर दीहल जाए वाला भोजपुरी सामग्री आ नियमित अपडेट होखल बा. भोजपुरी के बहुते साईट या त हिन्दी भा अंगरेजी में काम करेलं भा नियमित रूप से अपडेट ना होखल करे. साथही सामग्री के विविधतो के कमी बा एह लोग का लगे.

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई ..

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..