पंकज केसरी के सम्मानित कइल गइल

भोजपुरिया सिनेमा के हरफनमौला खिलाड़ी पंकज केसरी कें पिछला दिने बलिया के गड़हा महोत्सव में लालू प्रसाद यादव आ मैजिक टीवी के अशोक गुप्ता का मौजूदगी में भोजपुरी सृजन सम्मान से सम्मानित कइल गइल. पिछला साल पंकज केसरी के अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के कार्यक्रम में भोजपुरी फिल्म रत्न से सम्मानित कइल गइल रहे.

Pankaj Kesri with Lalu Prasad on stage of Garha Mahotsava

बिहार के रहे वाला पंकज केसरी के साल २००७ में चम्पक जैन अपना फिल्म माई के बिटुवा में मौका दिहले रहलें. ओकरा बाद हमार घरवाली, बकलोल दुल्हा, विधाता, रंग दे बसंती चोला, प्रतिज्ञा, वाह खिलाड़ी वाह, शहरवाली जान मारेली वगैरह फिल्मन में अपना अदाकारी के जौहर देखलवलन. उनकर आवे वाली फिल्मन में तेजाब, मोर बलमा, छैल छबीला, नथुनिया पर गोली मारे, जुदाई, त्रिनेत्र वगैरह बाड़ी सँ.


(स्रोत : खालिद)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..