पकड़ीदयाल प्रखंड प्रमुख के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव
-

पूर्वी चंपारण के पकड़ीदयाल प्रखंड प्रमुख के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के आवेदन पड़ते प्रखंड प्रमुख दिनेश राय कार्यालय आइल बंद कर दिहले बाड़न. वोट करावे खातिर आइल प्रखंड कार्यपालक पदाधिकारी सह प्रखंड विकास पदाधिकारी आनंद कुमार कांत के आदेश वाला चिट्ठीओ नइखन लेत. जान जाईं कि एह प्रखंड में 14 गो पंचायत समिति सदस्यन में से दस जने प्रमुख आ उप प्रमुख के खिलाफ मनमानी के आरोप लगावत अविश्वास के नोटिस दिहले बाड़न. एह नोटिस का बाद बीडीओ प्रखंड प्रमुख के निर्देश जारी कइलें कि पन्दरह दिन का भीतर एह प्रस्ताव पर वोट डलावा लिहल जाव. प्रखंड प्रमुख एह निर्देश वाला चिट्ठी नइखन लेत त अब ओकरा के डाक से भेजल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts