पवन सिंह अपना खून से स्मृति के माँग भरलन

Pawan Singh with Smriti Sinha

पिछला दिने मोतिहारी जिला के एगो गाँव में करीब पाँच सौ लोग का सोझा भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिहं अपना खून से अदाकारा स्मृति सिन्हा के माँग भर दिहलन आ अपना प्यार के एगो सम्मानित नाम देत उनका के आपन जीवन संगिनी बना लिहलन. माँग भरला का बाद दुनु जने एक दोसरा के गले लिपट गइलन.

भइल कुछ एह तरह से कि सेवन स्टार क्रिएशन्स के भोजपुरी फिल्म प्यार बिना चैन कहाँ रे के चरम दृश्य के शूटिंग चलत रहुवे जवना में दुनु जने, पवन आ स्मृति, नायक नायिका के किरदार में बा लोग. कहानी का हिसाब से पवन के अपना प्यार के रिश्ता के वैवाहिक रुप देबे के रहे. एकर तइयारी चलत रहे तबहिये पवन सिंह आपन अंगुरी काट लिहलें आ अपना खून से विधवा बनल स्मृति के माँग भर दिहलन.

निर्माता अनंजय रघुराज के एह फिल्म के निर्देशन मनोज श्रीपति करत बाड़े. फिल्म के कहानी बा कि पवन स्मृति लड़िकाई के दोस्त ह लोग. ईहे दोस्ती आगा चल के चाहत के रूप धर लेत बा आ जबले एह चाहत के इजहार हो पाइत तबले बहुत लेट हो चुकल रहे. रोमांटिक इमोशनल लव स्टोरी वाली एह फिल्म में देखावल गइल बा कि सच्चा प्यार कबो ना मरे आ विधवो औरत के समाज में जिये के हक बा.

फिल्म के बाकी कलाकारन में ललितेश झा, पंकज त्रिपाठी, आनंद मोहन, संजीव झा, महक शुक्ला, नीलिमा सिहं, हरिशरण, सुनील बिहारी, अमरेन्द्र शर्मा, आ प्रवीण सिंह सिसोदिया के खास भूमिका बा. सह निर्माता छलिया श्रीवास्तव, कहानीकार राकेश त्रिपाठी, गीतकार विनय बिहारी, फणीन्द्र राव आ राजेश मिश्रा, संगीतकार धनंजय मिश्रा बाड़े.

फिल्म जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बिया.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

4 Comments

  1. sumit kumar

    ab ka kahi pawan bhaiya ke,u ta bas ekdum top bade,unkar ehe style ta sabke pasand aawela.bas lagal rahhh a raja ji .

  2. Uday Shrivastava

    Ka ho bhaiya ka hal ba humra, pawan singh ke kam t bara ajib lagal lekin kauno baat naikhe sab chale la ………………….

  3. lal Bihari lal

    आज भी समाज में बिधवा विवाह के मान्यता नईखे पर अइसन सोच के फिलीम बनावल अच्छा बात ह ।
    दिल्ली रत्न
    लाल बिहारी लाल,
    09868163073

  4. devendra nath singh

    ka kahal jao pawan singh ji ta bhojpuri jagat ke ago naya chamkat sitara bani enkar adda ta nirla ba thank you pawan veer kunwar singh ke bhoomi ke raoa ta naaj bani