पहिला भिड़न्त में मोदी सरकार बीस पड़ल

लोकसभा में अजेय बहुमत ले के सरकार बनावे वाला राजग सरकार के राज्यसभा में बहुमत नइखे. एह से कहल जात रहे कि मोदी सरकार के फूंक फूशक के डेग बढ़ावे के पड़ी. बाकिर नौकरशाह रहल नृपेन्द्र मिश्र के प्रधानमंत्री के प्रधान सचिव बनावे खातिर भारतीय दूरसंचार विनियामक प्राधिकरण कानून में जरूरी संशोधन वाला विधेयक आजु राज्यसभा में आरामे से पारित हो गइल. लोकसभा एकरा के पहिलही पास क दिहले बिया. एह मुद्दा पर कांग्रेस आपन पूरा ताकत लगा दिहले रहुवे बाकिर ओकरा निराशा हाथे लागल.

अब देखे के बा कि बिना जरूरी संख्याबल रहते लोकसभा में नेता विपक्ष पद खातिर कांग्रेस के रिरियइला के का असर पड़त बा. अपना बेर सत्ता मद में कांग्रेस कबो ना सोचलसि कि एक दिन उहो विपक्ष में एह हाल में आ सकेले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..