पी चिदंबरम भोजपुरी में कहलें, हम रउरा सभ के भावना समुझत बानी

आजु जब लोकसभा में भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे के सवाल उठावल गइल त गृह मंत्री पी चिदंबरम एह बारे में सहानुभूति से विचार करे के भरोसा दिआवत भोजपुरी में कहलें कि “हम राँवा सब के भावना समुझत बानी.”

कवनो ठोस आश्वासन ना मिलला का बावजूद अतनो बहुत बा कि तमिलभाषी गृहमंत्री भोजपुरी में आश्वासन दिहलें. कहलें कि एह बारे में बनावल समिति के रिपोर्ट सरकार के मार्च में मिल गइल बा आ जल्दिए ऊ सदन के एह बारे में एगो बढ़िया खबर सुनइहें.

हालांकि एह भरोसा पर सांसद लोग के भरोसा ना लउकल आ ऊ लोग कहल कि एगो तय तिथि बतावल जाव आ एह बात पर दबाव बनावत कई पार्टी के सांसद अगिला कतार में आ गइलें. बाद में लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार समुझवली कि जब गृह मंत्री भरोसा देत बाड़न त उनुका पर भरोसा राखे के चाहीं. इहो कहली कि चिदंबरम हमेशा अंगरेजिए में बोलेलें आ हिंदीओ कमे बोलेलें. आजु भोजपुरी में बोललें से एह बाति के खयाल राखल जाव.

1 Comment

  1. Anshu Dikshant

    Mast……….Maza aa gail Mr. P. Chidambaram ke Bhojpuri bolat dekh ke………jekra Hindi na bole aavela unka ke Bhojpuri bolat dekh ke sahi me maza aa gail………

    (Anshu Dikshant)

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *