पुलिस मुठभेड में अन्तर्राज्यीय हथियार तस्कर गिरफ्तार


बस्ती, 04 अप्रैल (वार्ता). बस्ती जिला के पुलिस आजु मुठभेड क के एगो अन्तर्राज्यीय हथियार तस्कर के गिरफ्तार क के ओकरा लगे से विदेशी असलहो बरामद कइलसि.
ई जानकारी देत पुलिस अधीक्षक दिलीप कुमार बतवलें कि आजु कलवारी इलाका के धोबहट मोड़ पर पुलिस मुठभेड में संतोष सिंह उर्फ हरि केवल सिंह निवासी डुमरभार थाना कसया कुशीनगर के गिरफ्तार क लीहल गइल.
ओकरा लगे से दू गो विदेशी पिस्टल 32 बोर के मेड इन यूएसए, एगो खोखा कारतूस, एगो जिन्दा कारतूस, एगो देशी पिस्तौल 303 बोर के, आ एगो कार बरामद कइलसि.
चेकिंग करे वाला स्वाट टीम के प्रभारी सुधीर कुमार सिंह रहलें आ साथे रहलें निरीक्षक कलवारी शिवकान्त मिश्र. जब ई लोग टंडा का ओर से आवत एगो अल्टो कार के रोकल ताहल त कार सवार गाडी छोड़ि के भागे लागल. पुलिस ओकर चहेटा कइलसि त ऊ गोली चला दिहलसि बाकिर आखिरकार ऊ पुलिस का गिरफ्त में आइए गइल.
गिरफ्तारी का बाद संतोष उर्फ हरिकेवल बतवलसि कि ऊ बिहार के गोपालगंज अउर यूपी के कुशीनगर से नाजायज असलहा ले आके दोसरा जिलन में बेचत रहेला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..