पूरा भइल ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग

भोजपुरी सिनेमा के सबले चर्चित फिल्म ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग दस दिन के आखिरी शेडयूल में मुंबई के विभिन्न लोकेशन पर पूरा कर लिहल गइल. संयोगिता फिल्म्स आ यशी फिल्म्स के प्रस्तुति आ निर्माता अभय सिन्हा के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के तीन गो बड़का सुपरस्टार रवि किशन, मनोज तिवारी ‘मुदुल’ आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ एक साथ नजर अइहें. भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के एह फिल्म में मनोज के अपोजिट रिंकु घोष, रवि किशन के अपोजिट रानी चटर्जी आ निरहुआ के अपोजिट पाखी हेगडे के जोड़ी बनल बा. कथा-पटकथा लिखे आ निर्देशन करे के कमान सम्हरले बाड़न हैरी फर्नाडिस.

निर्माता आलोक कुमार कहलें कि काशी के पावन नगरी में ऊ भोजपुरी के तीनो स्तम्भ के ले के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ बनावे क नींव रखले रहन जवन अब पूरा हो गइल. उनुका उमेद बा कि फिल्म ‘गंगा जमुना सरस्वती’ दर्शकन ला एह=गो समहर मनोरंजन वाली फिल्म होखी.

फिल्म के बाकी मुख्य कलाकारन में अनूप अरोडा, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, अनिल नागराथ, विजय कृष्ण चतुर्वेदी, मुश्ताक खान आ टीनू वर्मा के नाम बा. गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’, श्याम देहाती आ एस. कुमार, संगीतकार राजेश-रजनीश, छायांकन अकरम खान, एक्शन आर. पी. यादव, नृत्य-निर्देशक रामदेवन, कानू मुखर्जी आ कार्यकारी निर्माता विकास कुमार हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..