पूर्वी उत्तरप्रदेश के 17 गो जिला अतिसंवेदनशील, आ तीन गो सबले बेसी खतरा में

पूर्वी उत्तर प्रदेश के 17 गो जिला के अतिसंवेदनशील मानल गइल बा जवना में तीन गो में सबले खराब हालत बा. एहमें गोरखपुर मंडल के कुशीनगर, महराजगंज, आ गोरखपुर जिला अउर बस्ती मंडल के संतकबीरनगर जिला के अलावा बहराइच समेत कुल 17 गो जिला के अतिसंवेदनशील बतावल जात बा.
खुफिया एजेंसी के रिपोर्ट के बाद गोरखपुर जोन के पुलिस महानिरीक्षकद जकी अहमद अपना जोन के वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़न कि साम्प्रदायिक माहौल खराब करे वालन से सख्ती से निपटल जाव.
एह निर्देश के बाद पुलिस विभाग में गोरखपुर मंडल के 800 लोग के खतरनाक चिन्हित कइल गइल बा. एहमें अकेले गोरखपुर जिला के 360 लोग शामिल बा. एह लोग के नाम पता, मोबाइल नम्बर वगैरह के जानकारी बटोरल गइल बा.
त्योहार के सीजन में केन्द्रीय बल के आठ गो कंपनी माँगल गइल बा एह इलाका ला.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।