"प्यार कवनो खेल ना ह" में फेर से खेसारी लाल यादव आ नेहाश्री सिंह एक संगे
-

Khesari-NehaShreeभोजपुरी के अनेके हिट एल्बम दे चुकल निर्माता निदर्शक राकेश कुमार के कंपनी राकेश सिने मिडिया प्रा. लि. के फिलिम “प्यार कवनो खेल ना ह” में खेसारी लाल यादव आ नेहाश्री सिंह एक संगे नजर अइहें. एह फिलिम का जरिए लाडो मधेसिया के रुपहला परद पर लांच कइल जात बा. लाडो मधेसिया भोजपुरी लोक गायक का रूप में चर्चित बाड़ें.

याद करीं कि निर्माता अलोक कुमार के सुपर सुपर हिट फिलिम “साजन चले ससुराल” से नेहाश्री सिंह अपना फिलिमी सफर के शुरूआत कइले रही आ नायक रहलन खेसारी लाल यादव. किस्मत दुनु के साथ दिहले रहे आ दुनु जने अपना पहिलके फिलिम से सुपर स्टार बन गइले. “प्यार कवनो खेल ना ह” के शूटिंग बिहार के छपरा, सिवान, गोपालगंज का अलावे पुरी, दिल्ली आ नैनीताल के खुबसूरत लोकेशन पर भइल बा. एहमें रोमांस आ एक्शन भरपूर बा. गाना नौ गो बाड़ी स जवना के गवले बाड़न खेसारी लाल यादव, विनोद राठोर, इंदु सोनाली, खुशबू जैन अउर आलोक कुमार. गीतकार हउवें महेश परदेशी, कृष्ण बेददी, आ श्याम देहाती. संगीत दिहल ह एम. एम बदर के. छायांकन बिरजू चौधरी, डांस विशाल, फ़ाइट पपू कराटे, आ मेकअप धर्मवीर के बा. मुख्य कलाकार बाड़ें खेसारी लाल यादव, नेहाश्री, लाडो मधेसिया, सी.पी. भट्ट, अरुण कुमार, अनीता सिंह, मो. आरिफ, सिराज भगत अउर उमेश सिंह.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts