फगुआ के भीड़ निपटावे ला रेलगाड़ियन के तीन सौ साठ फेरा

होली का मौका पर अपना गाँवे जाए वाला आ ओकरा बाद लवटे वालन के बेसम्हार भीड़ देखत रेलवे इकतीस मार्च ले अनेके खास रेलगाड़ी चलावे के योजना बनवले बिया. होली स्पेशल ट्रेनन के ३६० फेरा लगावल जाई. एहमें से अधिकतर रेलगाड़ी बिहार, यूपी, एमपी, राजस्थान आ हरियाणा ला चलावल जात बा. एह गाड़ियन के जानकारी फोन नं॰ १३९ से लिहल जा सकेला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..