बलिया जिला अस्पताल में रिक्शाचालक सूई लगवलसि, लड़िका मूअल

एह भक में मत रहीं कि बलिया जिला अस्पताल में डाक्टर, नर्स आ कंपाउंडरे इलाज के काम करेलें. कुछ दिन पहिले एगो टीवी चैनल देखवले रहुवे कि कइसे बलिया जिला अस्पताल में स्वीपर घाव पर टाँका लगावत रहुवे. अब एगो रिक्शा वाला एगो गंभीर बीमार लड़िका के सूई लगा दिहलसि. सूई लगवला का तुरते बाद लड़िका के मौत हो गइल आ परिवारवालन का हंगामा का बाद ई मामिला सोझा आ गइल. बतावल जात बा कि ऊ रिक्शावाला लाश ढोवे ला अस्पताल से पोस्टमार्टम हाउस का बीच आ खाली रहला पर सूईओ दवाई करत रहेला अस्पताल में.
सात महीना के एगो लड़िका के मीजल्स होगइल रहे. तबियत बहुत खराब भइल त ओकरा के बनारस रेफर कर दिहल गइल रहे बाकिर ओकर परिवार वाले ओकरा के लेके बलिया जिला अस्पताल चल अइलें. डाक्टर साहब सूई लिखले आ फार्मासिस्ट ओह रिक्शावाला के सूई लगावे के कह दिहलसि. आखिर ऊ रिक्शावाला पिछला पन्दरह साल से अस्पताल में ई सब करत आवत रहे. दुर्भाग्य से लड़िका के मौत हो गइल आ अब जाँच पड़ताल के नौटंकी शुरू हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..