बलिया में तीन गो सराफा लुटेरा पकड़ले

मंगल के साँझ दौलौ रेल क्रासिंग का लगे से तीन गो शातिर बदमाशन के पुलिस पकड़ लिहलसि. एहनी पर कई गो सराफा लूट कांड करे के आरोप बा. ई बदमाश रसड़ा, नगरा, आ भीमपुरा इलाका में सर्राफा व्यापरियन के लूटत रहले. तीनो एके बाइक पर सवार रहलें. पुलिस के देखत भागे लगले त पुलिस के संदेह भइल आ पुलिस चहेट के एकनी के पकड़ लिहलसि. एह बदमाशन के नाम पता तारपुर कोपागंज के राम प्रताप सिंह, रसीदा आजमगढ़ के राम शब्द यादव, आ सवरा रसड़ा के राकेश सिंह बतावल जात बा. एकनी का लगे से लूट के सामान आ असलहा बरामद भइल बा.
एह बदमाशन के गिरफ्तार करे वाला पुलिस बल के एसपी का तरफ से दस हजार रुपिया इनाम देबे के एलान भइल बा

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..