बलिया में सड़क हादसा में दू जने के मौत, तीन जने घवाहिल

(प्रतीक फोटो)

बलिया 11 अप्रैल (वार्ता). बलिया जिला के नगरा इलाका में बुध का दिने भइल कार आ जीप के टक्कर में दू आदमी के मौत हो गइल आ तीन जने अउर घवाहिल हो गइलें.
पुलिस से पता चलल बा कि नगरा ओर से आवत जीप इन्दरपुर बाजार का लगे सामने से आवत कार से टकरा गइल.
टक्कर में जीप पर आवत गोठाई थाना के प्रभु प्रसाद (48 बरीस ) आ नरही के फजरू रहमान (35बरीस) के मौत ओहिजे हो गइल.
कार सवार राजेश्वर, गोकुल आ जीप सवार सरस्वती के एह हादसा में घवाहिल भइला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..