बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में एमसीआई टीम निरीक्षण करे आइल


गोरखपर, 07 मार्च (वार्ता). बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में 50 से बढाके एक सौ कइल गइल एमबीबीएस सीटन के मान्यता खातिर जरुरी संसाधन देखे आ कॉलेज में चलत परीक्षा देखे खातिर मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के टीम आजु व्यवस्था के निरीक्षण कइलसि.

एमसीआई टीम में रोहतक मेडिकल कालेज के बाल रोग विभागाध्यक्ष डा. संजीव नंदा अउर तमिलनाडु पेरनुथुरम मेडिकल कालेज के सर्जरी विभागाध्यक्ष डा. एम राजेन्द्रन शामिल रहलें. परीक्षा निरीक्षण का बाद ई लोग एह मेडिकल कालेज के नेहरू अस्पताल के विभिन्न विभागन के ओपीडी, आपरेशन थियेटर वगैरह के जायजा लीहल आ कॉलेज के लेक्चरर थिएटर आ अध्यापन के स्थिति के बारे में पूछताछ कइल आ कॉलेज प्रचार्य का साथहु बइठक कइल.

बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के प्राचार्य डॉ गणेश कुमार बतवले कि फिलहाल मेडिकल कॉलेज में एमबीबीएस के सौ सीट ला एमसीआई अनुमति दे रखले बा. एही क्रम में ई दौरा भइल बाा एक बेर फेरु ई टीम निरीक्षण करे आई. ओकरा बाद पाँच बरीस ला मान्यता मिल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..