बारात में छूरेबाजी से एगो नवही के मौत
-

सिवान जिला के असांव इलाका के सदलपुर गाँव में आइल बारात में कुछ नवही मोटरसाइकिल के खेल देखावे लगले. बेहुदा तरीका से चलत एह मोटरसाइकिलन से हालात बिगड़े लागल त अपना मामा घरे आइल देवरिया के राजेश कुमार चौहान ओहनी के रोके चहलें त ऊ मनबढ़ राजेश के छूरा से गोद दिहलें. बीच बचाव करे आइल एगो अउर लड़िका के घवाहिल कर दिहलें सँ. घवाहिल राजेश के अस्पताल ले जाए का रास्ता में मौत हो गइल. घटना से घबड़ाइल सगरी बरतिया दुलहा छोड़ भाग परइले. घराती दुलहा से शादी के रस्म करा लिहलें. मृतक राजेश के मामा दुलहा के भाई वगैरह का खिलाफ नामजद शिकायत दर्ज करवले बाड़न. एगो आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
बारात नोनिया टोला से आइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts