बाढ़ से बेहाली

सारण जिला के छपरा सदर आ रिविलगंज प्रखंड के अनेके पंचायत बाढ़ से हलकान बाड़ी सँ. छपरा सदर में बाढ़ में फँसल छह सौ लोग के प्रशासन सुरक्षित जगहा चहुँपा दिहलेब बिया. रिविलगंज, छपरा सदर, मांझी, दिघवारा आ सोनपुर प्रखंड में बाढ़ के कहर सबले अधिका बा. अतवार का सँझिया में छपरा पटना मुख्य सड़क पर एक फुट उपर पानी बहत रहुवे.

बलिया में गंगा के तेवर मंगल का दिने तनिका ढील जरुर पड़ल बाकिर बाढ़ से होखे वाला तबाही के सिलसिला जारी रहल, प्रशासन काल्हु सेना बोलावे पर विचार करत रहुवे बाकिर बाद में हालात में सुधार देख सेना बोलावे के विचार तज दिहल गइल. प्रशासन साढ़े तीन सौ नाव लगवले बिया इलाका के लोग के सुरक्षा में. तबहियो बहुते गाँव नाव का कमी से परेशान बाड़ी स.

बैरिया तहसील के दर्जनो गाँव में बाढ़ के हालात डरावत बा. आए जाए के राह नइखे लउकत बाढ़ का पानी में.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..