बिहार के गलियन पर रिंकू घोष काबिज बाड़ी
-

RinkuPammyसिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल कहाए वाली रिंकू घोष के जादू एह घरी सगरी बिहार में जम के चलत बा. उनकर फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ शानदार तरीका से एकावनवाँ दिन पूरा कर लिहले बिया आ अबहियो चलते जात बिया. एह फिलिम में रिंकू घोष के भूमिका लोग के चौंकावतो बिया आ बहुत कुछ सोचहू पर मजबूर करत बिया. निर्देशक बाड़ें मशहूर निर्माता-निर्देशक राजकुमार पांडे ने.

चलत चलत इहो जानलीं कि टीवी चैनल कलर्स के शो मिसेस पम्मी प्यारेलाल में आवत रिंकू घोष बहुत उत्साहित बाड़ी. ई एगो कामेडी शो ह जवना के देख दर्शकन के बहते मजा आवत बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. Raju nag

    Supper hit baa.aapn bhojpuriya samaj

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts