बिहार वाला तरीका पूरा देश में लगावल जाई

चुनाव आयोग तय कइले बा कि पिछला चुनाव में बिहार में लगावल तरीका अब पूरा देश में लागू कइल जाई. उम्मीदवारन के खरचा पर नियन्त्रण आ नजर राखे खातिर अब हर उम्मीदवार के एगो अलग बैंक खाता खोले के पड़ी आ ओकर सगरी चुनाव खर्च ओहि खाता से करे के पड़ी. आयोग अपनो लगे एगो वइसने छद्म खाता राखी जवना के मिलान उम्मीदवार के असली खाता से कइल जाई.

एही बीचे आयोग से इलेक्टोरल इन्टेग्रिटी फोरम के प्रतिनिधि मिल के आपन स्मारपत्र दिहलें. फोरम रिटायर्ड आईएएस अधिकारियन के संस्था ह. फोरम का सलाह पर आयोग चुनाव आचार संहिता नब्बे दिन पहिले से लागू करे पर विचार कर रहल बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..