बुढ़वा टमटमवाला के संगीत मुर्हूत

tumtumwala-muhurtराजन यादव फिल्मस इन्टरटेंमेट्स के बैनर तले बने जात फिलिम ’बुढ़वा टमटमवाला’ के संगीतमय मुर्हूत मुंबई के अंधेरी स्थित एम फॉर यू स्टूडियो में अभिनेता पवन सिंह नारियल तूड़ के कइलन. एह मौका पर फिल्म जगत के कई लोग निर्माता राजन यादव के बधाई दिहल. एहमें पाखी हेगड़े, पवन सिंह, शुभी शर्मा, इन्दू सोनाली, एम. आई राज, अजय कु., ब्रजेश त्रिपाठी, रंजीत सिंह, नेगी, मनोहर एस. झा, सुशील सिंह, नरसु, संजय भूषण पटियाला, एस. के चौहान. राजु, पुरूषोत्तम ओझा, माया यादव, अभिलाषा श्रीवास्तव, बबलू सोनी, मनोज द्ववेदी, गंगा वर्मा आ विनय बिहारी शामिल रहले.

अपना फिलिम का बारे में बतियावत निर्देशक भागीरथी स्वाई कहलन कि ई कॉमेडी प्रधान फिलिम होखी जवना के शूटिंग मुंबई आ बिहार में कइल जाई. एकर मुख्य किरदार कॉमेडियन आनंद मोहन करत बाड़ें. उनका अलावे अविनाश शाही, मोनालिसा, सुशील सिंह, ब्रजेश त्रिपाठी, के के गोस्वामी आ विनय बिहारी मूख्य रूप से बाड़ें. गीत संगीत आ कहानी विनय बिहारी के बा.

फिलहाल एकरा गाना के रिकार्डिंग मुंबई में हो रहल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।